Monday, May 13, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणशेयर बाजार: नइखे थमत गिरावट के सिलसिला, 754 अंक फिसलल सेंसेक्स,...

शेयर बाजार: नइखे थमत गिरावट के सिलसिला, 754 अंक फिसलल सेंसेक्स, निफ्टी 14 हजार के नीचे

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

कमजोर वैश्विक संकेत के चलते आज सप्ताह के तीसरा कारोबारी दिन यानी गुरुवार के भी घरेलू शेयर बाजार के शुरुआत लाल निशान पर भईल । आज घरेलू बाजार दबाव में बा। दोपहर 12.50 बजे बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज का प्रमुख इंडेक्स सेंसेक्स 754.34 अंक (1.59 फीसदी) की गिरावट के साथ 46555.59 के स्तर पर कारोबार करत रहल। वहीं नेशनल स्टॉक एक्सचेंज का निफ्टी 213 अंक यानी 1.52 फीसदी की गिरावट के साथ 13,754.50 के स्तर पर करत रहल । मंगलवार को 72वें गणतंत्र दिवस के मौके पर शेयर बाजार बंद रहल। 

पांच दिन में करीब तीन हजार अंक फिसलल सेंसेक्स

गिरावट के ई सिलसिला पिछले पांच दिन से जारी बा। एह दौरान सेंसेक्स में तीन हजार अंकों से ज्यादा के गिरावट आईल बाटे। इंडेक्स 21 जनवरी के 50,184 पर पहुचल रहे। चौतरफा गिरावट के चलत सूचीबद्ध कंपनिया के कुल बाजार पूंजीकरण भी घटकर 188.66 लाख करोड़ रुपये हो गईल बाटे, जे 27 जनवरी के 189.59 लाख करोड़ रुपया रहल । सरकारी डाटा के अनुसार, पिछले साल अप्रैल-नवंबर के दौरान फॉरेन डायरेक्ट इन्वेस्टमेंट (FDI) निवेश 58.37 अरब डॉलर रहल, जे पिछले साल के समान अवधि में निवेशित 47.67 अरब डॉलर के तुलना में 22 फीसदी ज्यादा बाटे। आठ महीना एफडीआई के ई आंकड़ा सबसे अधिक बाटे। एही अवधि के दौरान शेयर बाजार में एफडीआई 43.85 अरब डॉलर रहल, जे पिछला साल के मुकाबले 37 फीसदी ज्यादा बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments