Saturday, May 18, 2024
Homeयुवाकेंद्रीय पुलिस बलों के कैंटीन में 1 जून से सिर्फ स्वदेशी...

केंद्रीय पुलिस बलों के कैंटीन में 1 जून से सिर्फ स्वदेशी प्रोडक्ट बिकी ,

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगलवार के देश को संबोधित कइलें और आत्मनिर्भर भारत अभियान के नारा दिहलें । पीएम मोदी के अपील के बाद गृह मंत्रालय इ निर्णय लिहले बा कि अब सब केंद्रीय सशस्त्र पुलिस बलों (सीएपीएफ) के कैंटीन में सिर्फ स्वदेशी उत्पादों के ही बिक्री होई ।

गृह मंत्रालय की ओर से कहल गइल बा कि आपन देश में बनल उत्पादन के अधिक से अधिक उपयोग में लाइल जाए व अन्य लोगन के भी प्रोत्साहित करल जाए । इ पीछे रहे के समय नइखे बल्कि आपदा के अवसर में बदले के समय बा । हर भारतीय अगर भारत में बनल उत्पादन (स्वदेशी) के उपयोग करे के संकल्प ले तो पांच वर्षों में देश आत्मनिर्भर बन सकेला । आइ हम सब स्वदेशी उत्पादन के उपयोग कर आत्मनिर्भर भारत के इ यात्रा में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के हाथ मजबूत करक जाए .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments