Tuesday, May 7, 2024
Homeराजनीतिचिराग पासवान बिहार चुनाव में सीट बंटवारे पे भइने नाराज

चिराग पासवान बिहार चुनाव में सीट बंटवारे पे भइने नाराज

न्यूज़ डेस्क : पटना

चिराग पासवान एनडीए के बिहार चुनाव के सीट शेयरिंग से नाराज बाने . मानल जात बा कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार चिराग पासवान से काफी नाराज चलत बाने और बिहार विधानसभा चुनाव में लोक जनशक्ति पार्टी के केवल 25 से 30 सीट देवे के पक्ष में बाने . उहें चिराग पासवान के मांग बा कि चुनाव में उनकर पार्टी के कम से कम 42 सीटें दिहल जाए .

तेजस्वी यादव, चिराग पासवान के नाराजगी के फायदा उठावल चाहत बाने . सोमवार के प्रेस वार्ता में तेजस्वी यादव से जब ए बाबत सवाल पूछल गइल कि का चिराग के एंट्री महागठबंधन में हो सकेला त एपर तेजस्वी यादव कहलें की अगर अइसन कौनो बात होई टी ओपे जरूर सोचल जाई .

दू दिन पहले चिराग पासवान अपने बयान से राजनीतिक गलियारन में तब हलचल मचा दिहले रहने जब वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के दौरान अपने पार्टी के कार्यकर्ताओं से कहले रहने कि गठबंधन के स्वरूप बदलत बा और पार्टी के भविष्य में कउनो परिस्थिति खातिर तैयार रहेके चाहीं .

Image credit : social media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments