Friday, May 17, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणमुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कइने देवरिया के दौरा, हेलीपैड पर भाजपा संगठन एवम...

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कइने देवरिया के दौरा, हेलीपैड पर भाजपा संगठन एवम जनप्रतिनिधियों लोग कइलस स्वागत

न्यूज़ डेस्क : देवरिया / अमरदीप गुप्ता

देवरिया, 26 मई। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहने कि कोरोना के दूसरी लहर के उत्तर प्रदेश में बेहतर तरीके से नियंत्रित करल गइल बा । शहर से लेकर गांव तक कोरोना के खतम करे की दिशा में प्रदेश सरकार तेजी से काम करत बिया। एमे गांव गांव में बनल निगरानी समिति और ग्राम प्रधानों के भी महत्वपूर्ण भूमिका बा । प्रधान व निगरानी समिति के सदस्य आपन गांव के कोरोना से मुक्त गांव बनावे के संकल्प लें। इ अभियान के प्रोत्साहित करे खातिर यूपी सरकार”मेरा गांव, कोरोना मुक्त गांव” अभियान शुरू कइले बिया ।

उक्त बात उ देवरिया के कतरारी गांव में प्रधान व निगरानी समिति के सदस्यन के उत्साहवर्धन करते हुए कहने उ कहने कि प्रदेश में कोरोना के खिलाफ लड़ाई में ट्रेस, टेस्ट और ट्रीट के जो अभियान युद्धस्तर पर चलत बा , ओमे निगरानी समितियन के बड़ा योगदान बा । गांव में लक्षण वाले व्यक्ति की समय से पहचान हो जाए त जांच, इलाज, होम आइसोलेशन व मेडिसिन किट जैसन उपायन से संक्रमण के फैलाव ना होई ।

एके बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मझगावां स्थित पीएचसी पहुंचलें । उहां उ कोविड टीकाकरण का निरीक्षण कइने । मुख्यमंत्री टीका लगवा रहल लोगन से पूछने कि कउनो परेशानी त नहीं बा । सबन लोग सरकार के टीकाकरण व्यवस्था के तारीफ कइने । मुख्यमंत्री समझाइने कि कोरोना से बचे खातिर इ टीका बहुत जरूरी बा । खुद लगवावे के बाद आप लोग और लोगनके भी एकरा खातिर प्रेरित करें। सरकार सबके निशुल्क टीका लगवावत बिया ।

माननीय मुख्यमंत्री उत्तर प्रदेश सरकार पूज्य योगी आदित्यनाथ के देवरिया आगमन पर पुलिस लाइन देवरिया हेलीपैड पर सदर सांसद डा०रमापति राम त्रिपाठी, सांसद सलेमपुर रविंद्र कुशवाहा, देवरिया के प्रभारी मंत्री एवम राज्य मंत्री स्वतंत्र प्रभार श्रीराम चौहान, कृषि मंत्री उत्तर प्रदेश सरकार सूर्य प्रताप शाही, राज्य मंत्री जयप्रकाश निषाद, दर्जा प्राप्त राज्यमंत्री नीरज शाही, सदर विधायक देवरिया डॉ० सत्यप्रकाश मणि त्रिपाठी, बरहज विधायक सुरेश तिवारी, सलेमपुर विधायक काली प्रसाद, क्षेत्रीय अध्यक्ष डॉ धर्मेंद्र सिंह, क्षेत्रीय उपाध्यक्ष छट्ठे लाल निगम, हरिचरण कुशवाहा, भाजपा जिला अध्यक्ष डॉ०अंतर्यामी सिंह, नगर पालिका अध्यक्ष देवरिया अलका सिंह, भाजपा नेता जितेंद्र प्रताप राव, राजकुमार शाही, प्रमोद शाही, सत्येन्द्र मणि त्रिपाठी, अंबिकेश पाण्डेय, रमेश सिंह, त्रिपुनायक विश्वकर्मा, प्रमोद सिंह, मुन्ना राय आदि ने करबद्ध स्वागत कइने ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments