Tuesday, May 21, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणअलीगढ़, यूपी में बाजार बंद कराये गइल पुलिस पर पत्थरबाजी

अलीगढ़, यूपी में बाजार बंद कराये गइल पुलिस पर पत्थरबाजी

न्यूज़ डेस्क : उत्तर प्रदेश

पुलिसवालन के कोरोना के समय लाक डाउन के पालन करवावे में  जगह जगह मुश्किलन के सामना करे के पड़त बा । उत्तर प्रदेश के अलीगढ़ में भुजपुरा इलाके में बाजार बंद करावे  गई पुलिस पर भीड़ पथराव कर  दिहलस । इ पत्थरबाजी में एक पुलिसवाला घायल हो गइल , ओकरा  सिर में चोट लगल बा । आज सुबह दस बजे पुलिसवाले बाजार बंद करावे  गइल रहने , एही  बीच पुलिस के ऊपर पत्थरबाजी होवे  लागल ।

एहो खबर  पढ़ी :  तिरंगे के रंग में नहाइल मैटरहॉर्न पर्वत

दरअसल कोरोनालाक डाउन के चलते अलीगढ़ में जरूरत के सामान खरीदे  खातिर  सुबह 6 बजे से 10 बजे तक लॉकडाउन में छूट दिहल जात बा  ताकि आम आदमी  जरुरी  सामान खरीद सके। आज दस बजते ही जैसे ही पुलिसवाले बाजार बंद करावे  पहुंचने  उनके ऊपर छतन और  गलियन  से पथराव शुरू हो गइल । बाद में मौके पर काफी संख्या में पुलिसवाला जब  पहुंचने तब हालात काबू में भइल  और पत्थरबाजों की तलाश शुरू भइल ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments