Tuesday, May 14, 2024
Homeमनोरंजनआमिर खान कोविड-19 पॉजिटिव, बॉलीवुड में लगातार बढ़ रहल बा कोरोना के...

आमिर खान कोविड-19 पॉजिटिव, बॉलीवुड में लगातार बढ़ रहल बा कोरोना के केस

बॉलीवुड में कोरोना के केस लगातार बढ़त जा रहल बा। रणबीर कपूर और कार्तिक आर्यन के बाद अब आमिर खान के कोविड पॉजिटिव होखे के खबर आ रहल बा। रिपोर्ट्स के मुताबिक, आमिर होम क्वॉरंटीन बाने अउर जरूरी सावधानियां बरत बाने। आमिर खान के टीम उनके संपर्क में आएयल लोगन से भी कोरोना टेस्ट करवाने के अपील कईले बा।

आमिर के टीम जारी कईलस स्टेटमेंट

उनकर टीम के तरफ से जारी कयल गयल स्टेटमेंट के मुताबिक, मिस्टर आमिर खान के कोविड-19 टेस्ट पॉजिटिव आयल बा। उ घर पर सेल्फ-क्वॉरंटीन बाने अउर प्रोटोकॉल्स के पालन करत बाने। उनकर तबीयत ठीक बा। जे भी बीते दिन उनसे संपर्क में आयल बा सावधानी के तहत अपना टेस्ट करवा लेबे।

बंद कर देले सोशल मीडिया अकाउंट्स

आमिर खान के फिल्म ‘लाल सिंह चड्ढा’ के कुछ शूटिंग बाकी बा। ठीक भईले के बाद उ एके पूरा करिहें। फिल्म में उनके साथ करीना कपूर भी बानी। आमिर खान अपने बर्थडे के बाद आपन सोशल मीडिया अकाउंट बंद कर देहले।

कई सिलेब्स हैं कोरोना पॉजिटिव

एंटरटेनमेंट इंडस्ट्री में कोरोना केसेज लगातार बढ़त बा। इंडस्ट्री के लोगन के लंबे ब्रेक के बाद काम पर वापस लौटन बाने। ए बीच रणबीर कपूर, संजय लीला भंसाली, निकी तंबोली, कार्तिक आर्यन और अब आमिर खान कोरोना से संक्रमित हो गयल बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments