Wednesday, May 8, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणदेश में कोरोना के 771 वेरिएंट, अब इम्‍युनिटी भी ना कर पा...

देश में कोरोना के 771 वेरिएंट, अब इम्‍युनिटी भी ना कर पा रहल बा वायरस से बचाव

देश में कोरोना (Coronavirus) के मामले तेजी से बढ़ रहल बा अउर अईसन में सवाल उठ रहल बा कि कोरोना के मामला के बढ़ले के वजह वायरस के म्यूटेशन (Coronavirus Mutation) बा. देश में अब तक कोरोना वायरस के 771 वेरिएंट (Coronavirus Variant) पावल गयल बा. वायरस डबल अटैक कर रहल बा जेकरे वजह से कोरोना संक्रमण तेजी से फैल रहल बा. अब इम्‍युनिटी (Immunity) भी कोरोना से बचाव ना कर पा रहल बा.

कोरोना के 771 वेरिएंट पकड़ में आईल


स्वास्थ्य मंत्रालय 10 नेशनल लैब्स के एक ग्रुप बनईले रहे. ई ग्रुप कोरोना वायरस के अलग-अलग वेरिएंट यानी प्रकार के जीनोम सिक्वेंसिंग करत रहले. भारत में कोरोना वायरस के 10 हजार 787 सैंपल टेस्ट करने पर 771 अलग-अलग वेरिएंट पकड़ में आईल बा. जेमन से 736 सैंपल यूके यानी ब्रिटेन कोरोना वायरस वेरिएंट वाले बाने. वहीं 34 सैंपल साउथ अफ्रीका और 1 सैंपल ब्राजील वाले कोरोना वेरिएंट के बाने.

ज्‍यादा तेजी से म्‍यूटेट कर रहल बा वायरस

ई सब उ लोगन के सैंपल रहे जो अंतरराष्ट्रीय यात्रा करके आयल रहले, या अईसन लोगन के संपर्क में आयल लोगन के रहे. जांच में एक अहम बात ई भी पता चलल बा कि दिसंबर 2020 के तुलना में अब वायरस ज्यादा म्यूटेट कर रहल बा. इ म्यूटेशन से बनल वायरस संक्रमण तेजी से फैला रहल बा अउर एकरे पर इम्युनिटी के असर भी कम हो रहल बा. जेकर मतलब बा कि वायरस अब डबल अटैक कर रहल बा.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments