Sunday, May 5, 2024
Homeदिल्ली-NCRआईं जानल जा कोरोना के लक्षण और बचाव के उपाय

आईं जानल जा कोरोना के लक्षण और बचाव के उपाय

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

देश में  कोरोना वायरस अउर ना  फइले इ खातिर  पूरा  देश में 21 दिन के लॉकडाउन चलत बा .देश में अबले कोरोना वायरस से  1800 से अधिक लोग  संक्रमित बाने  और अब तक 41 लोगन  के मौत हो चुकलबा . आईं जानल जा  इ बीमारी के लक्षण और कैसे बचल जा एसे ,काहे कि एकर कउनो इलाज ना बा अबे तक.

कैसे फैइले ला कोरोना :

कोरोना वायरस से संक्रमित कउनो  आदमी  जब खांसेला  या छींकेला  त  ओकर  थूक के छोट-छोट  कण हवा में फैल  जाने . एही  कणन  में कोरोना वायरस के विषाणु रहेलें .

संक्रमित आदमी के नज़दीक जाये  पर इ  विषाणुयुक्त कण सांस के रास्ते आपके शरीर में घुस सकेलें .

अगर आप कउनो  अइसन  जगह के छूवेलें  त , जहां इ  कण गिरल बाने  और ओकरा बाद उहे हाथे से  आपन आंख, नाक या मुंह छुवेलें  त  इ वायरस  आपके शरीर में पहुंच जाला.

एही से कहल जात बा कि खासे या छीके के समय नाक मुह पे   रुमाल, कपड़ा, मास्क या कुहनी के कोना रख के खासल छींकल जा और ओकरा बाद तुरंत हाथ साबुन से या सेनेटाएजर से धुलल जाये .

कोरोवा वायरस के संक्रमण के:

इ  वायरस इंसान के शरीर में पहुंचे  के बाद आदमी के  फेफड़ा में सबसे पहले संक्रमण करेला जे से  सबसे पहले तेज बुख़ार, ओकरा बाद  सूखी खांसी आवेला . बाद में सांस लेवे  में तकलीफ  हो जाला .

वायरस के संक्रमण के लक्षण दिखे में चार से  पाँच दिन लागेला . हालांकि वैज्ञानिकन  के कहना बा  कि कभी कभी  लोगन  में एके  लक्षण बहुत दिन बाद भी देखे के  मिल सकेला .

विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) के अनुसार वायरस के शरीर में पहुंचे और लक्षण दिखे  में  14 दिन के समय भी लग सकेला.

कोरोना वायरस संक्रमण  बूढ़ पुरनिया  और पहले से सांस के बीमारी (दमा ) से परेशान लोगन , मधुमेह और हृदय के रोगी लोगन के पहिले हो सकेला , एही से लइका-बच्चा और बूढ़ पुरनिया लोगन के ख़ास सावधानी बरते के चाहीं.

कोरोना संक्रमित होवे पर का करल जा :

सबसे पहले घबराइल ना जाये , कोरोना के कई मरीज  उचित देखभाल और दवा से ठीक हो गइल बाने

संक्रमण के लक्षण दिखे  पर मरीज के अपना नजदीकी  स्वास्थ्य सेवा अधिकारी या कोरोना हेल्प  लाइन से संपर्क  करे के चाहीं. साथे  घर वाला लोगन से अपना के अलग रखे के चाही.

परीक्षण के नतीजा आवे तक आपके  इंतज़ार करे  और दूसरा लोगिन से खुद के  दूर रखे  के लिए कहल  जाइ .

अगर होम आइसोलेसन (घर में अकेले कमरा में रहे ) के कहल जात बा त  14 दिन तक पूरा इमानदारी से ओकर पालन करेके चाही. इ आप के और आप के परिवार के सुरक्षा खातिर कहल गइल  बा .

लाकडाउन के पालन करल जा और सुरक्षित रहल जा .

 

 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments