Sunday, May 5, 2024
Homeअन्यनिजामुद्दीन में मरकज के जमाती लोगन से देश में बढ़ल कोरोना के...

निजामुद्दीन में मरकज के जमाती लोगन से देश में बढ़ल कोरोना के मामला

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

निजामुद्दीन में मरकज में आये जमाती लोग  देश  खातिर बड़ा ख़तरा बन गइ  बाने । इ लोग चोरी छिपे देश के कई हिस्सा  में   गइल बाने जेसे बड़ी संख्या में संक्रमण फैले के आशंका बा । देश के अलग-अलग हिस्सों में इहां से लौटल  180 लोग कोरोना पॉजिटिव पाइल गइल बाने । इ मामले पर अलग-अलग स्तरों  पर केंद्कार और राज्य  सरकार आपन कार्यवाही करत  बिया ।  न्यूज एजेंसी के मुताबिक, राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल खुद  28 और 29 मार्च के  आधी रात में करीब 2 बजे मरकज का दौरा कइले  रहने ।

अजीत डोभाल खुद  मरकज प्रमुख मौलान साद और बाकी जिम्मेदार लोगन  से स्थान खाली करे के कहले रहने । डोभाल उहां मौजूद लोगन के कोरोना टेस्ट भी करावे के कहले रहने । लेकिन, उनकर बात के मरकज वाला लोग  गंभीरता से नाही लेहलस ओकरा बाद  पुलिस हरकत में आईल और सबरे 4 बजे मरकज के खाली कराइल गइल ।

निजामुद्दीन स्थित मरकज से बुधवार सुबह तक 2000 से ज्यादा जमातियन के  बाहर निकालल गइल  बा  । एकरा बाद  सुबह परिसर के  सैनिटाइज करल गइल । तब्लीगी जमात के 167 लोगन  के बसों के जरिए मंगलवार रात 9 बजकर 40 मिनट पर तुगलकाबाद क्वारैंटाइन सेंटर ले जाएल गइल रहल । इनके दू  जगह पर रखल  गइल बा । दिल्ली सरकार के एगो  अधिकारी बतइने  कि इ  लोग क्वारैंटाइन सेंटर में जगह-जगह थूकत  बाने  हैं।

निजामुद्दीन स्थित मरकज से निकलल  लोगन  के  तलाश में 22 से ज्यादा राज्यों में अभियान छेड़ल  गइल बा । इनमें से कई लोगन के पहचान  हो गइल बा । मरकज से गइल  लोगन  में से अब तक 180 लोग  कोरोना पॉजिटिव मिल चुकल बाने । इनमें तमिलनाडु में 77, आंध्र प्रदेश 43, दिल्ली में 24, तेलंगाना में 21, अंडमान-निकोबार में 9, असम में 5 और कश्मीर में एक कोरोना संक्रमित शामिल बा ।

Image credit: social media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments