Tuesday, May 14, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणदीपिका पादुकोण भी कोरोना के चपेट में, परिवार से मिले गयल रहली...

दीपिका पादुकोण भी कोरोना के चपेट में, परिवार से मिले गयल रहली बेंगलुरू

बॉलीवुड अभिनेत्री दीपिका पादुकोण के परिवार कोरोना के चपेट में आ गयल बा। जेकरे बाद अब खबर बा कि दीपिका खुद भी कोरोना वायरस के शिकार हो गईल बानी। जेकरे बाद उ खुद के क्वारंटीन कर लेले बानी। खबर के मुताबिक दीपिका ए समय अपने परिवार के साथ बेंगलुरू में ही बानी। जहां दीपिका के पिता प्रकाश पादुकोण अस्पताल में भर्ती बाने। वहीं उनकर मां उज्जवला पादुकोण अउर बहन अनीषा पादुकोण भी कोरोना पॉजिटिव होने के बाद आइसोलेटेड बानी।

हालांकि ए बात के पुष्टि अब तक दीपिका के तरफ से आधिकारिक रूप से ना भायल बा। लेकिन दीपिका पादुकोण पिछले महीना ही रणवीर सिंह के साथ एयरपोर्ट पर स्पॉट भायल रहली। कहल जात रहे कि दीपिका अपने परिवार के साथ कुछ वक्त बितावे बेंगलुरू गईल बानी। उहे एक सेलिब्रिटी जर्नलिस्ट भी एक पोस्ट शेयर करके ए बात के जानकारी देले। उ दीपिका के एक तस्वीर शेयर कईले बाने, जिसके साथ कैप्शन में उन्होंने लिखले बाने, ‘माता, पिता और बहन के बाद दीपिका पादुकोण भी कोरोना की चपेट में आ गई हैं। फैंस उनके जल्द स्वस्थ होने की कामना कर रहे हैं।’

बता देंही कि सबसे पाहिले IIFA के आधिकारिक ट्विटर अकाउंट के जरिए ए बात के सूचना मिलल रहे। IIFA अपने आधिकारिक ट्विटर अकाउंट के जरिए एक ट्वीट कईलस। जेमन लिखल रहे, ‘दीपिका पादुकोण का कोरोना वायरस टेस्ट पॉजिटिव आया है। दीपिका के जल्द स्वस्थ होने की कामना करते हैं।’ ए ट्वीट के बाद से ही दीपिका के फैंस के भी चिंता बढ़ गयल अउर सोशल मीडिया पर लोग अभिनेत्री के जल्द स्वस्थ होखे के कामना करे लगलें।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments