Thursday, May 16, 2024
HomeमनोरंजनPanchayat 2: फिर से हंसावे आ रहल बाड़े फुलेरा पंचायत के लोग,...

Panchayat 2: फिर से हंसावे आ रहल बाड़े फुलेरा पंचायत के लोग, ऐ दिन रिलीज होई दूसरा सीजन

Panchayat Season 2: अमेजन प्राइम के पॉपुलर सीरीज ‘पंचायत’ (Panchayat) के दूसरा सीजन 20 मई के रिलीज कईल जाई। अमेजन प्राइम वीडियो आपन इंस्टाग्राम हैंडल से सीरीज के पोस्टर शेयर कईलस और रिलीज डेट के खुलासा कईलस। इ सीरीज के पहला सीजन साल 2020 में रिलीज भईल रहे और तभी से फैन्स के एकर दोबारा इंतजार रहे। त अब एक बार फिर फैन्स के गुदगुदावे के खातिर फुलेरा पंचायत के लोग आ रहल बाड़े। जौना में फिर से पंचायत सचिव अभिषेक त्रिपाठी आपन नए अंदाज में होंईहे।

अमेजन प्राइम वीडियो जौन पोस्टर शेयर कईले बा, ओमें एक्टर जितेंद्र कुमार यानी फुलेरा पंचायत के सचिव परेशान से नजर आ रहल बाड़े। उनकर आस-पास कागज के बंडल रखल बा और एक लैंप जल रहल बा। नीचे सीरीज के रिलीज डेट 20 मई लिखल बा। रिलीज डेट बतवला के बाद अमेजन कैप्शन में लिखलस- ‘जनहित में जारी, अब आ रही है फिर से पंचायत देखने की बारी।’

का रहल पहला सीजन के कहानी

अमेजन प्राइम वीडियो पर पंचायत के पहला सीजन 3 अप्रैल 2020 के रिलीज भईल रहे। ऐमें देखावल गईल रहे कि इंजीनियरिंग कर चुके अभिषेक त्रिपाठी पंचायत सचिव बनकर फुलेरा गांव में आऐ। पंचायत सचिव के नौकरी उनके पसंद नइखे आवत और उ ऐके छोड़े के मूड बनावेले। फिर वह एमबीए करे के खातिर कैट एग्जाम के तैयारी करेले और पहले प्रयास में असफल रहेले। अब दूसरे सीजन के कहानी भी पंचायत सचिव और फुलेरा गांव के ईर्द-गिर्द होई।

मजेदार होई दूसरा सीजन

दीपक कुमार मिश्रा द्वारा निर्देशित कॉमेडी ड्रामा में जितेंद्र कुमार, रघुवीर यादव, चंदन रॉय और नीना गुप्ता जैसे कलाकार लीड रोल में नजर अईहे। फैन्स एकर रिलीज डेट के सुनकर खुश हो गईल बाड़े और सोशल मीडिया पर पंचायत ट्रेंड होखे लागल बा। लोग पहले सीजन के सीन्स और मीम्स के खूब शेयर कर रहल बाड़े।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments