Sunday, May 12, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणडॉ. तृप्ति सिंह के महाराष्ट्र में 24 दिसम्बर के 'यूपी दिवस' पर...

डॉ. तृप्ति सिंह के महाराष्ट्र में 24 दिसम्बर के ‘यूपी दिवस’ पर होइ सम्मान

राष्ट्रिय मेडल में छः मेडल अपने नाम करे वाली एथिलीट डॉ. तृप्ति सिंह के भारतीय जनता पार्टी के प्रदेश महामंत्री अउर महाराष्ट्र सरकार में दर्जा प्राप्त मंत्री अमरजीत मिश्रा लखनऊ आके सम्मानित कईले। साथ ही उत्कृष्ट खेल खातिर तृप्ति सिंह के बधाई भी दिहले।
अमरजीत मिश्रा डॉ. तृप्ति के शुभकामना दिहला के बाद कहले कि बाबा विश्वनाथ के नगरी बनारस भईले के नाते हम अपने बहन के सम्मानित करे के खातिर तृप्ति के घर पर हम आयिल बानी। साथ ही उ वादा भी कईले कि 24 दिसम्बर यानि उत्तर प्रदेश दिवस पर आयोजित कार्यक्रम में प्रदेश के बेटी के सम्मनित भी करीहे।
अग्रिम शुभकामना देत हुए कहले की भारत के बेटी मलेशिया में 2-7 दिसम्बर तक हो रहल अंतराष्ट्रीय मीट में डॉ. तृप्ति सिंह भारत के परचम लहराते हुए मेडल लेके आवे अउर भारत के झंडा मलेशिया के धरती पर बुलंद करे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments