Thursday, May 16, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकाशी विश्वनाथ में शिव के स्पर्श दर्शन खातिर लागू होयी ड्रेस कोड

काशी विश्वनाथ में शिव के स्पर्श दर्शन खातिर लागू होयी ड्रेस कोड

वाराणसी के प्रसिद्ध काशी विश्वनाथ मंदिर में पुरुष अउर महिला के खातिर ड्रेस कोड लागू कईले के तैयारी बाने। नए ड्रेस कोड के मुताबिक बाबा के स्पर्श दर्शन करे के खातिर पुरुष लोगन के धोती कुर्ता अउर महिला के साड़ी पहने के होयी। पैंट, शर्ट, जीन्स पहने लोग दूर से ही दर्शन कई सकिहे। ओह लोगन के शिवलिंग के छू के दर्शन कईले के मौका ना मिली।

श्री काशी विश्वनाथ मंदिर में मंगला आरती के बाद से मध्यान्ह भोग दिन में 11:00 बजे तक श्रद्धालु स्पर्श दर्शन कई सकिहे। वाराणसी के कमिश्नर के साथ काशी विद्वत परिषद के बैठक में इ फैसला लिहल गईल जउन पुरुष धोती कुर्ता अउर महिला साड़ी पहिनले रहीहे ओहि लोगन के स्पर्श दर्शन करावल जाईल। पैंट शर्ट जींस टीशर्ट सूट टाई कोर्ट आदि पहनावे पर सिर्फ दर्शन के सुविधा दिहल जाई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments