Saturday, May 11, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपटना में घूस लेत पकड़ल गईल इंजीनियर

पटना में घूस लेत पकड़ल गईल इंजीनियर

पटना में निगरानी के टीम आज सुबह बेली रोड स्थित अंबेडकर पथ के महिमा मंदिर के निकट अपराजिता पार्वती विला अपार्टमेंट में छापेमारी कइके कटिहार में पथ निर्माण विभाग में इंजीनियर के पद पर तैनात अरविंद कुमार के 16 लाख रुपये घूस लेते रंगे हाथ गिरफ्तार कईले।

मिलल जानकारी के अनुसार इंजीनियर 80 लाख रुपए रिश्वत के तौर पर मंगले रहे जेहमे से आज सुबह पहली किस्त के रूप में 16 लाख रुपये कैश लेत रहले कि निगरानी की टीम रंगे हाथ इंजीनियर के दबोच लिहले। पइसा मंगले के आरोप में गिरफ्तार कईल गईले।मिलल जानकारी के अनुसार निगरानी टीम बतवले कि टीम जइसन ही छापेमारी शुरू कईले , तुरंत ही इंजीनियर के परिजनों घर में रखल कुछ रुपये जला दिहले । हालांकि केतना रकम जलावल गईल अभिन एकर जांच चल रहल बा।

 

Image Credit-Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments