Saturday, May 4, 2024
Homeराजनीतिशिवसेना के सता रहल बा विधायकन के खरीद-फरोख्त के डर

शिवसेना के सता रहल बा विधायकन के खरीद-फरोख्त के डर

56 सीट जीते वाली शिवसेना एक बार फिर कहले कि इ जनता के मांग हवे कि महाराष्ट्र में मुख्यमंत्री शिवसेना के ही होवे के चाही अपने विधायकन के टूटले के डर झेल रहल शिवसेना अब आक्रामक हो गईल बा। पार्टी के मुख पत्र सामना में शिवसेना कहले कि कुछ लोग नये विधायकन से संपर्क कइके थैली के भाषा बोल रहल बाने। शिवसेना कहले कि राज्य में विधायकन के खरीद फरोख्त ना होवे दी।

मुंबई में आज के दिन राजनीतिक घटनाक्रम से भरल रहे वाला बा बीजेपी के नेता आज राज्यपाल भगत सिंह कोश्यारी से मुलाकात करीहे। बीजेपी नेता राज्यपाल के सामने सरकार बनौले के दावा पेश कई सकेले। बुधवार के बीजेपी विधायक सुधीर मुनगंटीवार ने कहले कि जल्दी ही लोगन के खुशखबरी सुने के मिली।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments