Friday, May 17, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणबिहार के गया में दू गुट के बीच हिसंक गोलीबारी , घटनास्थल...

बिहार के गया में दू गुट के बीच हिसंक गोलीबारी , घटनास्थल भईल छावनी में तब्दील

बिहार के गया में दू गुटन के बीच हिंसक गोलीबारी भईल। एह घटना में पांच लोग घायल हो गईल बाने। घटना के सूचना मिलला के बाद फाॅर्स के साथ पहुंचल पुलिस पूरे इलाका के छावनी में तब्दील कई दिहले। गया पुलिस, कोतवाली थाना क्षेत्र के तुतवाड़ी मोहल्ले में भईल एह घटना के छानबीन कर रहल बा।

गया शहर के कोतवाली थाना क्षेत्र के तुतवाड़ी मोहल्ले में दो गुटों के बीच जमके हंगामा अउर मारपीट भईल एह दौरान कई राउंड भी भईल। पथरबाजी भी भईल। फायरिंग में गया नगर निगम के वार्ड संख्या-13 के पार्षद राहुल शर्मा के घर के पांच लोग घायल हो गईल बाने। एह लोगन के इलाज के खातिर सदर अस्पताल भेजल गईल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments