Friday, May 17, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणMP के पूर्व CM बाबूलाल गौर के 89 साल के उम्र में...

MP के पूर्व CM बाबूलाल गौर के 89 साल के उम्र में भईल निधन

मध्य प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अउर भाजपा नेता बाबूलाल गौर के बुधवार सुबह भोपाल के नर्मदा अस्पताल में निधन हो गईल | 89 वर्षीय बाबूलाल गौर के मंगलवार के तबीयत ज्यादा बिगड़ गईल रहे | उनकर ब्लड प्रेशर कम भईला के साथे – साथ पल्स रेट भी गिर गईल | बाबूलाल गौर के किडनी पूरी तरह काम नाहीं करत रहे | उनके पिछले 14 दिनों से नर्मदा अस्पताल में वेंटिलेटर सपोर्ट राखल गईल रहे |

बीजेपी के तरफ से जारी बयान के मुताबिक बाबूलाल गौर के पार्थिव शरीर आज 12:30 बजे उनके निवास से प्रदेश भाजपा कार्यालय के खातिर रवाना होइ | जहां भाजपा कार्यकर्ता अउर आम नागरिक उनके अंतिम दर्शन कर सकिहे एकरे बाद दोपहर 2:00 बजे उनकर अंतिम संस्कार कईल जाई |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments