Thursday, May 16, 2024
Homeदिल्ली-NCRदिल्ली पुलिस के मजेदार ट्वीट हो रहल बा वायरल,रात में निकले वाले...

दिल्ली पुलिस के मजेदार ट्वीट हो रहल बा वायरल,रात में निकले वाले लोगन के चेतावनी

नई दिल्ली: दिल्ली में कोरोनावायरस के बढ़त मामलन के देखत हुए अरविंद केजरीवाल सरकार सात घंटा के रात्रि कर्फ्यू (night curfew) लगा देले बा. अईसन में दिल्ली पुलिस पूरा दिल्ली में सख्ती बढ़ा देले बा. नाइट कर्फ्यू (night curfew) के दौरान पुलिस लोगन के अपने घर में ही रहे के हिदायत दे रहल बा. एतना ही ना, बाहर निकलने वाले लोगन के पास ई-पास रहल आवश्यक बा.

डीसीपी नॉर्थ ईस्ट दिल्ली के ट्विटर हैंडलर से ट्वीट
बुधवार के रात डीसीपी नॉर्थ ईस्ट दिल्ली के ट्विटर हैंडलर से एक ट्वीट कयल गयल,जेमन लिखल रहे (Delhi Police), ये नाइट कर्फ्यू का नोटिफिकेशन है और ये इसकी कंपलियांस हो रही है.’ इ ट्वीट के लोग काफी पसंद कर रहल बाने. बता देंही कि दिल्ली आपदा प्रबंधन प्राधिकरण (डीडीएमए) दिल्ली में कोविड-19 के हालात के समीक्षा कईलस जेकरे बाद ई फैसला लेबल गयल. डीडीएमए के रात 10 बजे से सुबह 5 बजे तक के रात्रि कर्फ्यू के आदेश 30 अप्रैल तक प्रभाव में रही.

यह भी पड़ें: दिल्ली में आज से लगावल गयल नाइट कर्फ्यू, जानी का-का रही बंद

रात में निकलने के लिए ई-पास जरूरी

कोविड-19 टीकाकरण के लिए कर्फ्यू के अवधि में यात्रा करे वाले लोगन के एक ई-पास की सॉफ्ट या हार्ड कॉपी अपने साथ रखेके होई जवन दिल्ली सरकार के वेबसाइट से प्राप्त कयल जा सकेला. मुख्य सचिव अउर डीडीएमए के कार्यकारी मंडल के अध्यक्ष द्वारा जारी आदेश के अनुसार, पिछले कुछ दिन में राष्ट्रीय राजधानी में कोविड-19 के मामला में अचानक तेजी आईल अउर संक्रमण के उच्च दर देखल जा रहल बा.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments