Sunday, May 12, 2024
Homeदिल्ली-NCRदिल्ली में आज से लगावल गयल नाइट कर्फ्यू, जानी का-का रही बंद

दिल्ली में आज से लगावल गयल नाइट कर्फ्यू, जानी का-का रही बंद

दिल्ली में बढ़ते कोरोना वायरस संक्रमण के मामलों के मद्देनजर मंगलवार रात से कर्फ्यू लगावे क एलान भाईल बा। आगामी 30 अप्रैल तक लगावल गयल नाइट कर्फ्यू के तहत रात 10 से लेकर सुबह 5 बजे तक लोगन के घर से निकले पर मनाही रही। दिल्ली सरकार से जुड़ल एक वरिष्ठ सरकारी अधिकारी सोमवार के ही कहले रहले कि रात के कर्फ्यू लगावे के प्रस्ताव पर विचार हो रहल बा। कर्फ्यू के समयावधि रात 10 बजे से सुबह पांच बजे तय कायल गयल बा।

इनके मिली छूट

निजी डॉक्टर,नर्स, पैरामेडिकल स्टाफ, प्रिंट और इलेक्ट्रिक मीडिया के पत्रकार, जवन यात्री एयरपोर्ट जा रहल बाने, बशर्ते उ आपन टिकट देखईहें तब।
नाइट कर्फ्यू के दौरान ट्रैफिक सामान्य रही यानी लोग अन्य राज्यन से आ सकेंगे। नाइट कर्फ्यू में भी लोग कोरोना के टिका लगवा सकेंलें, लेकिन उनके एकर पास लेबे के होई । ई-पास लेके सब्जी अउर फल विक्रेता, मेडिकल से जुड़ल लोग आ-जा सकें ले। पेट्रोल पंप ओर मेडिकल स्टोर 24 घंटे खुलल रही।

कउने गतिविधियन पर रोक

घूमने-फिरने पर रोक, खरीदारी पर प्रतिबंध रही, अनावश्यक काम से बाहर निकलल लोगन पर कार्रवाई होई।
फैक्टरी/कंपनियों के संचालन ना होई। कउनो तरह के व्यावसायिक गतिविधि ना होई। रेस्तरां, होटल अउर अन्य दुकान 10 बजे के बाद ना खुली। धार्मिक स्थल भी बंद रही। सामाजिक, धार्मिक और राजनीतिक आयोजन पर रोक रही। दुकान के रात 10 बजे से लेके अगले दिन सुबह 5 बजे तक बंद रखेके बा।
होटल और रेस्तरां भी 5 बजे से रात 10 बजे तक ही खुली।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments