Saturday, May 18, 2024
Homeराजनीतिआज चुशूल में होई तनाव कम करे खातिर चीन से तीसरे दौर...

आज चुशूल में होई तनाव कम करे खातिर चीन से तीसरे दौर के वार्ता.

न्यूज़ डेस्क: नई दिल्ली

गलवान घाटी में पिछले दिनों भारत और चीन के सैनिकों के बीच भइल हिंसक झड़प के बाद दुनु देशन के बीच तनाव कम करे खातिर बातचीत का दौर जारी बा . कोर कमांडर स्तर पर तीसरे दौर के बैठक आज यानी मंगलवार को होई .

पिछला एक महीना के अंदर दुनु देशन के बीच कोर कमांडर स्तर पर इ तीसरी बैठक होवे जात बा . ए बार इ बैठक भारतीय पक्ष में चुशूल में होत बा . जबकि पिछली 2 बैठकें चीनी पक्ष में मोल्डो में भइल रहली .

बातचीत के मुख्य मुद्दा तानव के कम करे खातिर सेना के मौजूदगी कम करे खातिर दुनु देशन द्वारा करल गइल प्रस्तावन के आगे ले आवे पर होई . स्थिति के सामान्य करे खातिर चलत गतिरोध के सबहीं विवादास्पद क्षेत्रों पर भी चर्चा होई .

एसे पहिले कोर कमांडर स्तर पर अंतिम 2 बैठकें 6 जून और 22 जून के भइल रहल . 14 कोर के कमांडर लेफ्टिनेंट जनरल हरिंदर सिंह भारतीय प्रतिनिधिमंडल के नेतृत्व करिहें .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments