Monday, April 29, 2024
Homeराजनीतिनीतीश कुमार के इफ्तार पार्टी पर गिरिराज सिंह कईले सवाल

नीतीश कुमार के इफ्तार पार्टी पर गिरिराज सिंह कईले सवाल

बिहार में एक बार फिर से सियासी कौतुहल देखे के मिलत बा | केंद्रीय मंत्री अउर बेगूसराय सीट से सांसद गिरिराज सिंह अपने ही नेता लोगन पर ‘दावत ए इफ्तार’ में गईला के लेके सवाल खड़ा कईले बाने | गिरिराज सिंह बिहार में सत्तारूढ़ दलों (बीजेपी, जेडीयू और एलजेपी) के नेता लोगन के तस्वीर पोस्ट कइके के ट्वीट कइके के पुछले कि अपने कर्म धर्म में हमहीं लोग पीछे हवे अउर दिखावा में आगे बाने ?
गिरिराज सिंह ट्वीट कई के कहले कि , ”केतना बढ़िया तस्वीर होत जब एतने ही चाहत से नवरात्रि पे फलाहार के आयोजन करते अउर सुंदर सुदंर फ़ोटो आवत ??…अपने कर्म धर्म मे हमही लोग पिछड़ काहे जाईले अउर दिखावा में आगे रहिले ???”

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments