Sunday, April 28, 2024
Homeकृषि एवं पशु धनकिसान उत्‍पादक संगठन (FPO) बनावे से मिली किसानन के बहुते लाभ

किसान उत्‍पादक संगठन (FPO) बनावे से मिली किसानन के बहुते लाभ

न्यूज़ डेस्क : उत्तर प्रदेश

भारत सरकार खेती किसानी  के आगे बढ़ावे  खातिर  आवे वाला  पांच साल में  5000 करोड़ रुपया खर्च करी । एकरा  खातिर  किसानन के  एगो  कंपनी  यानी किसान उत्‍पादक संगठन (FPO-Farmer Producer Organisation) बनावे के  पड़ी । सरकार 10,000 नए किसान उत्पादक संगठन बनावे  के मंजूरी देहले बिया ।

एकर शुरुवात   प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी यूपी के चित्रकूट से कर दिहले  बाने ।  अगला  5 साल में ए पर 5000 करोड़ रुपया  खर्च होई ।  रजिस्ट्रेशन कंपनी एक्ट में ही एही से  उ  सारा  फायदा मिली जो एगो  कंपनी के  मिलेला  ।

किसानन  के  का होइ  फायदा:

किसान उत्‍पादक संगठन ( एफपीओ) छोट किसानन  के एक समूह होई , जेसे  जुड़ल  किसानन  के  न सिर्फ आपन  पैदावार के  नीक  बाजार मिली  साथे  खाद, बीज, दवाइयों और कृषि उपकरण भी  खरीदल  आसान होई । एकरा साथ  बिचौलियन  से आजादी भी मिली ।

कैसे एफपीओ बनाकर लिहल जा नया नियम के फायदा :

(1) अगर संगठन मैदानी क्षेत्र में काम कत बा त  कम से कम 300 किसान ओसे  जुड़े होवे  के चाहीं । मतलब  एक बोर्ड मेंबर पे कम से कम 30 लोग सामान्य सदस्य बनल हों । इ पहिले  1000 रहल ।

(2) पहाड़ी क्षेत्र में एक कंपनी के साथ 100 किसानन  के जुड़ल  जरूरी बा । साथे उनके संगठन के  फायदा मिल रहल  हो।

(3) नाबार्ड कंस्ल्टेंसी सर्विसेज संगठन के  काम देखकर रेटिंग दी , ओकरा  आधार पर ही ग्रांट मिली ।

(4) बिजनेस प्लान देखल  जाई  कि संगठन कौन कौन  किसानन  के  फायदा दिहले बा । उ  किसानन  के पैदावार  के  बाजार मुहैया करवा पावत बा कि ना ।

(5)संगठन के काम काज और ढांचा  कइसन बा । बोर्ड ऑफ डायरेक्टर कागजी बाने या  या काम करत बाने ।

(6) अगर कोई संगठन अपना  से जुड़ल  किसानन  के  जरूरत के  चीजें जैसे बीज, खाद और दवाईयों आदि की सामूहिक  खरीदारी  करत  बा  त  ओकर  रेटिंग नीक  हो सकेला ।

ज्यादा जानकारी खातिर भारत सरकार के कृषि मंत्रालय के वेबसाइट पे जानकारी दिहल बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments