न्यूज़ डेस्क : बेगलुरु
कोरोना वायरस के चलते झा पूरे देश में लॉकडाउन जारी बा उहे कर्नाटक राज्य में एगो हाईप्रोफाइल शादी भइल . इ शादी पूर्व प्रधानमंत्री एचडी देवगौड़ा के पोते निखिल कुमारस्वामी और पूर्व मंत्री की पोती रेवती के रहल .
कर्नाटक राज्य की राजधानी बेंगलुरु से लगभग 28 किलोमीटर दूर एक फार्महाउस में इ शादी भइल . शुक्रवार के दो राजनीतिक परिवारन के इस विवाह समारोह में घर के ही लोग रहने कउनो मेहमान नाहीं शामिल भइल . परिवार और रिश्तेदार लोग दूल्हे के पिता पूर्व मुख्यमंत्री एचडी कुमारस्वामी के रामनगर स्थित फॉर्महाउस में मौजूद रहलें . समारोह के फोटो से साफ दिखत बा कि केहू भी मॉस्क अथवा ग्लव्ज नाहि पहनले रहल और सोशल डिस्टेसिंग के भी पालन नाहि भइल .
कुमारस्वामी कहने कि , “अगर कार्यक्रम घर पर आयोजित किया जाता है तो सोशल डिस्टेंसिंग का पालन करना मुश्किल होगा. यही कारण है कि हम अपने फार्महाउस में कार्यक्रम का आयोजन कर रहे हैं. मैं अपने कार्यकर्ताओं-शुभचिंतकों से इस कार्यक्रम में भाग नहीं लेने का अनुरोध करता हूं,” उ कहने कि शादी के फैसला डॉक्टरन के परामर्श के बाद लिहल गइल , जेमे उनके परिवार के लोग भी शामिल रहलें . इस बीच, कर्नाटक के उपमुख्यमंत्री ए. नारायण कहने कि शादी के दौरान दिशा-निर्देशन के पालन नहीं भइल बा एसे पूर्व मुख्यमंत्री के खिलाफ कार्रवाई करल जाई .