Saturday, May 4, 2024
Homeटेक्नोलॉजीकईसे होई व्हाट्सऐप कॉल रिकॉर्ड, का बा पूरा तरीका.

कईसे होई व्हाट्सऐप कॉल रिकॉर्ड, का बा पूरा तरीका.

न्यूज़ डेस्क दिल्ली: व्हाट्सऐप (WhatsApp) आज के दौर में बेहद ही लोकप्रिय ऐप बा. जेसे आप टेक्स्ट मैसेज के अलावा कॉल भी कर सकिला. अगर आप व्हाट्सऐप के से केहू के काल करीला त हम आपके आज कुछ तरीके बतावे जात बानी. जेकरे मदद से आप इ कॉल के रिकॉर्ड कर सकिला. हम आप लोगन के बता देहीं की  बिना दूसरे व्यक्ति के अनुमित के कॉल रिकॉर्ड करल अनैतिक अउर गैरकानूनी काम बा.

व्हाट्सऐप कॉल रिकॉर्ड करे के सबसे आसान तरीका बा कि आप फोन के स्पीकर पर रखके बात करी अउर आपन दूसरा फोन पर वॉयस रिकॉर्डर के मदद से बातचीत के रिकॉर्ड कर लेहीं. एकरे अलावा एंड्रॉयड और आईफोन दोनों में वॉट्सऐप कॉल रिकॉर्ड करे के खातिर अलग-अलग तरीका बा.

आईफोन में व्हाट्सऐप कॉल कईसे होई रिकॉर्ड


आईफोन में वीडियो कॉल के इनबिल्ट स्क्रीन रिकॉर्डर के जरिए रिकॉर्ड करल जा सकेला, लेकिन ऑडियो कॉल के रिकॉर्ड करेके खातिर अलग तरीका अपनावे के पड़ी. एकरे खातिर आपके अपने आईफोन के लाइटनिंग केबल के मदद से MaC से कनेक्ट करेके पड़ी. एकरा बाद आपके अपने आईफोन पर Trust this computer करके दिखाई देहि. जेपर आपके क्लिक करेके पड़ी. अगर आप पहिला बार मैक से आपन आईफोन फोन कनेक्ट करईले हई त आपके QuickTime खोलेके पड़ी अउर इसमें आपके फाइल सेक्शन में जाके न्यू ऑडियो रिर्कार्डिंग के विकल्प मिली. रिकॉर्ड बटन पर क्लिक करी व्हाट्सऐप से कॉल करी. कॉल रिसीव होते ही आपके बात रिकॉर्ड होईल शुरू हो जाई.

एंड्रॉयड व्हाट्सऐप पर कॉल कईसे होई रिकॉर्ड

एंड्रॉयड यूजर के क्यूब कॉल रिकॉर्डर के डाउनलोड करेके पड़ी. ऐप ओपन कईला के बाद व्हाट्सऐप पर जा के उ व्यक्ति के कॉल करें, जेसे आप बात करल चाहते बानी. यदि बात के दौरान आपके क्यूब कॉल विजेट दिखाई दे रहल बा त एकर मतलब बा कि आपके कॉल रिकॉर्ड हो रहल बा.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments