Saturday, May 18, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणशताब्दी एक्सप्रेस के कोच में लगल आग, नई दिल्ली से देहरादून जात...

शताब्दी एक्सप्रेस के कोच में लगल आग, नई दिल्ली से देहरादून जात रहे ट्रेन.

नई दिल्ली से देहरादून जाएवाली शताब्दी एक्सप्रेस के कोच में आग लगले से हड़कंप मच गईल। लोको पायलट अउर गार्ड ट्रेन के कांसरो रेलवे स्टेशन पर रोक दिहले। जेकरे बाद राजाजी टाइगर रिजर्व अउर रेलवे के अधिकारियन के सूचना दीहल गईल।

कुल यात्री सुरक्षित, यात्रियन के दूसरे कोचों में शिफ्ट करल गईल

लोको पायलट आग बढ़ले से पहिले ही इमरजेंसी ब्रेक लगाके ट्रेन जंगल के बीच में ही रोक देहलें। तत्काल कोच सी-5 को खाली करावल गईल। कोच के ट्रेन से अलग करके बाकि कोचन के सुरक्षित बचा लेबल गईल।

कोच सी-5 में सवार कुल यात्री सुरक्षित बाने। कोच के कुल यात्रियन के दूसरे कोच में शिफ्ट कर देबल गयल। जेकरे बाद ट्रेन देहरादून के खातिर रवाना हो गईल। उहें घटना के मद्देनजर देहरादून रेलवे स्टेशन के बाहर एुबंलेस भेज देबल गईल। स्वाथ्य कर्मी और पुलिस भी स्टेशन पर तैनात बाने।

कोच में 35 लोग सवार रहले। घटना शनिवार दोपहर 12:20 बजे के आसपास के बतावल जा रहल बाटे। आग लगले के कारण शॉट सर्किट बतावल जा रहल बा।

राजाजी टाइगर रिजर्व क्षेत्र भईले के कारण कांसरो में मोबाइल नेटवर्क सेवा उपलब्ध ना बा। जेकरे कारण घटना के जानकारी जुटावे में समय लगल। 

आग लगले से कउनो तरह के नुकसान के खबर ना बा। उहें आग एतना भयानक रहे कि देखते ही देखते पूरा कोच आग के लपटे में आ गईल। जउने जगह पर इ हादसा भईल, उहां सिर्फ वन विभाग के चौकी रहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments