Friday, May 17, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणदेश में Lockdown लगल त GDP के होई 2 प्रतिशत के नुकसान,...

देश में Lockdown लगल त GDP के होई 2 प्रतिशत के नुकसान, अब सरकार के पास का बा बिकल्प

GDP: अमेरिका (US) के ब्रोकरेज कंपनी (Brokerage Company) बोफा सिक्योरिटीज (BofA Securities) सोमवार के आगाह कईलस कि भारत में अगर राष्ट्रीय स्तर पर 1 महीने के लॉकडाउन (Lockdown) लगावल जाई त जीडीपी (GDP) में 2 प्रतिशत तक की गिरावट आ सकेला.

पिछले 1 महीना में 7 गुना तक बढ़ल कोरोना के मामला

ब्रोकरेज कंपनी बोफा सिक्योरिटीज उम्मीद जतईले बा कि कोरोना वायरस (Coronavirus) महामारी के फैले से रोके के लिए स्थानीय स्तर पर ही लॉकडाउन (Lockdown) लगावल जाई. बोफा सिक्योरिटीज के एनालिस्ट्स अपने रिपोर्ट में कहले कि एक महीना पहले कोरोना के 35,000 मामला रहे अब सात गुना बढ़के 2.61 लाख से ज्यादा हो जाई.

लॉकडाउन से जीडीपी के नुकसान

रिपोर्ट के अनुसार, ‘यह देखने की बात है कि क्या कोरोना की दूसरी लहर राष्ट्रीय स्तर पर लॉकडाउन के बिना खत्म होगी. अगर एक महीने के लिए भी राष्ट्रीय स्तर पर लॉकडाउन लगाया जाता है तो जीडीपी को 1 से 2 प्रतिशत तक का नुकसान हो सकता है.’

एके भी पड़ीं: दिल्ली में लॉकडाउन शुरू होखे से पाहिले शराब ख़रीदे के होड़

कोरोना की रोकथाम के लिए लॉकडाउन जरूरी?

एमन कहल गयल बा कि हाई इकोनॉमिक कॉस्ट के देखत हुए अनुमान बा कि केंद्र अउर राज्य सरकारें कोविड-19 के रोकथाम से जुड़ल नियम जईसे- मास्क पहिनल, सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करल आदि के कड़ाई से लागू करके, नाइट कर्फ्यू और स्थानीय स्तर पर लॉकडाउन के जरिए ए पर अंकुश लगावे के कोशिश करी. बता देंही कि देशभर में कोरोना के मामला तेजी से बढ़ रहल बा. स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकडा के मुताबिक, सोमवार के भारत में 2,73,810 कोविड के नए मामले सामने आयल, जवन अब तक के सबसे बड़ा आंकड़ा बा. एही के साथ देश में अब कोरोना के मामला 1.5 करोड़ के पार हो गयल

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments