Monday, May 20, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणसोनू सूद पर कसल आयकर के फंदा :फर्जी बिलिंग के भइल पुष्टि

सोनू सूद पर कसल आयकर के फंदा :फर्जी बिलिंग के भइल पुष्टि

कानपुर में फर्जी इनवॉइस जारी करे वाली कंपनी रिच ग्रुप और रिच उद्योग के मालिकन ने आपन कई चपरासियन के बोगस कंपनियन के डायरेक्टर बना कर नकली बिलिग़ कइले रहल । इ बात के खुलासा आयकर विभाग की संयुक्त टीमों के छापा के बाद चलत जांच से भइल बा ।

फर्जी बिलिंग की पुष्टि के बाद विभाग जांच के दायरा बढ़ा दिहले बा । सूत्रन के मुताबिक, अभिनेता सोनू सूद द्वारा लखनऊ के इन्फ्रास्ट्रक्चर समूह में निवेश खातिर भी रिच समूह के जरिये फर्जी बिल जारी रखल गइल।

सूत्रन के मुताबिक, लखनऊ के इन्फ्रास्ट्रक्चर समूह में अभिनेता सोनू सूद संयुक्त उद्यम अचल संपत्ति परियोजना में निवेश कइले बाने । इ निवेश कर चोरी और बिलिंग में गड़बड़ी करके करल गइल रहल । जांच में पता चलल बा कि ग्रुप फर्जी बिलिंग में शामिल बा ।

65 करोड़ की फर्जी बिलिंग के साक्ष्य मिलल बा । डिजिटल डाटा इंट्री, स्क्रैप की बिक्री में बड़े पैमाने पर गड़बड़ी मिलल बा । जयपुर स्थित कंपनी में 175 करोड़ के लेनदेन का पता चलल बा । तलाशी के दौरान 1.8 करोड़ रुपये का कैश मिलल। 11 लॉकर जब्त करल गइल बा । जांच अभी भी जारी बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments