Sunday, May 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणUP के कई जिला में इंटरनेट सेवा मोबाइल इंटरनेट बंद, राज्य में...

UP के कई जिला में इंटरनेट सेवा मोबाइल इंटरनेट बंद, राज्य में धारा 144 लागू

नागरिकता कानून के लेके देश भर में जारी विरोध प्रदर्शन के देखला के बाद प्रशासन उत्तर प्रदेश के 10 से ज्यादा जिला में इंटरनेट सेवा बंद करवा दिहले बा। दिल्ली से सटल गाजियाबाद में भी इंटरनेट सेवा गुरुवार रात 10 बजे से 24 घंटे के खातिर इंटरनेट बंद कई दिहल गईल बा। साथ ही प्रयागराज में भी 19 दिसंबर देर शाम से लेकर 20 दिसंबर सुबह 10 बजे तक इंटरनेट बंद रही।

एकरे अलावा लखनऊ, गाजियाबाद, मेरठ, संभल, आजमगढ़, मऊ, अलीगढ़ में भी मोबाइल इंटरनेट बंद कई दिहल गईल बा। कुल मिलाकर राज्य के 10 जिला में इंटरनेट बंद कई दिहल गईल बा।

प्रशासन प्रदेश के कई हिस्सन में धारा 144 लागू करवा दिहले बा। सुरक्षा के देखला के बाद लखनऊ, बुंदेलखंड अउर इलाहाबाद यूनिवर्सिटी के परीक्षाएं भी अगले आदेश तक स्थगित कई दिहल गईल बाने। इ सभी परीक्षाएं शुक्रवार 20 दिसंबर से शुरू होवे वाला रहल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments