Saturday, May 18, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणIPL में बनल नया रिकॉर्ड, 2 सुपर ओवर तक चलल मैच,...

IPL में बनल नया रिकॉर्ड, 2 सुपर ओवर तक चलल मैच, पंजाब दिहलस मुंबई के मात

आईपीएल के 13वें सीजन के 36वें मुकाबला के दूसरे सुपर ओवर में किंग्स इलेवन पंजाब बाजी मार लिहलस . उ मुंबई इंडियंस (MI) के हरा दिहलस . रविवार रात दुबई में पंजाब 177 रन के लक्ष्य के पीछा करके 20 ओवरन में 176/6 रन बनइलस और मैच टाई हो गइल . मुंबई भी पहले बल्लेबाजी करते हुए 176/6 रन बनइले रहल .

पहला सुपर ओवर 5-5 रनों से टाई रहल . एकरा बाद दूसरा सुपर ओवर भइल , जेमे पंजाब धमाकेदार जीत हासिल कइलस . क्रिकेट के इतिहास में इ अनोखा मौका रहल , जब एक ही मैच में दो सुपर ओवर भइल. सबसे बढ़कर रविवार को ही मौजूदा आईपीएल के 35वें मुकाबला के नतीजा भी सुपर ओवर में निकलल .

दूसरे सुपर ओवर का रोमांच- 

मुंबई 11/1 रन

बल्लेबाज- किरोन पोलार्ड, हार्दिक पंड्या

गेंदबाज: क्रिस जॉर्डन

पहली गेंद : कीरोन पोलार्ड, 1 रन

दूसरी गेंद: हार्दिक पंड्या, वाइड- 1 रन

– हार्दिक पंड्या, 1 रन

तीसरी गेंद: पोलार्ड, 4 (चौका)

चौथी गेंद: पोलार्ड, वाइड- 1 रन
 
–  पोलार्ड ने खेला, लेकिन हार्दिक पंड्या रन आउट, 1 रन

पांचवीं गेंद: पोलार्ड, रन नहीं

– छठी गेंद:  पोलार्ड, 2 रन

पंजाब 15/0 रन

बल्लेबाज- क्रिस गेल, मयंक अग्रवाल

गेंदबाज: ट्रेंट बोल्ट

पहली गेंद: क्रिस गेल, 6 (छक्का)

दूसरी गेंद: क्रिस गेल, 1 रन

तीसरी गेंद: मयंक अग्रवाल, 4 (चौका)

चौथी गेंद: मयंक अग्रवाल, 4 (चौका)

किंग्स इलेवन पंजाब की यह तीसरी जीत रहल . 9 मैचों में ओकर 6 अंक बा और वह अब उ छठे पोजिशन पर बा . इ सीजन में मुंबई ,पंजाब के खिलाफ पिछले मुकाबले में जीत पइले रहल . पंजाब आपन उ हार के बदला ले लिहलस .

मुंबई इंडियंस को लगातार पांच जीत के बाद इ हार मिलल . 9 मैचन में इ ओकर तीसरी हार रही. 12 अंक के साथ उ अंक तालिका में दिल्ली (14) के बाद दूसर स्थान पर बनल बा . 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments