Friday, May 10, 2024
Homeराजनीतिराजस्थान: जिंदा जलाइल 'पुजारी के परिवार के सामने झुकल प्रदेश सरकार

राजस्थान: जिंदा जलाइल ‘पुजारी के परिवार के सामने झुकल प्रदेश सरकार

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

करौली, राजस्थान में जिंदा जलाइल गइल पुजारी के परिवार के मनावे के बाद उनकार अंतिम संस्कार करवावल गइल .करौली जिले के गांव बुंका में राधा-कृष्ण मंदिर में पुजारी बाबूलाल वैष्णव के हत्या बुधवार को भइल रहल , मंदिर के जमीन विवाद के चलते कुछ दबंग लोग उनके जला दिहले रहने .

बाबूलाल के आक्रोशित परिवार ने पहले अंतिम संस्कार करने से मना कर दिहले रहल लेकिन बाद में सरकार के प्रतिनिधी और लोकल प्रशासन के मनावे पर उ लोग मान गइने. समझौता में 10 लाख रुपया मुआवजा , एक आश्रित के नौकरी और घर बनवावे के वादा सरकार क इले बिया . साथे दोषियन के कड़ी से कड़ी सजा दिलवावे के सरकार वादा कइले बिया .

राजस्थान में पुजारी के हत्या के मामला मुद्दा तूल पकड़ चुकल बा . एकरा के लेकर राजनीतिक बयानबाजी जोर पे बा . बीजेपी नेता लोगन के एक समूह गांव में पहुचकर सरकार के कड़ी आलोचना कइलस . पुजारी के परिवार हत्या के मामले को लेकर विरोध प्रदर्शन करत रहल . लेकिन आखिरकार प्रशासन के समझावे के बाद पुजारी बाबूलाल वैष्णव के परिवार उनकर अंतिम संस्कार करे खातिर राज़ी हो गइल . एकरा बाद पुजारीके अंतिम संस्कार कर दिहल गइल .

एसडीएम कहने कि मौत से पहले अपने बयान में बाबूलाल वैष्णव आरोपियन के नाम लिखवइले रहने . इनमें से दो के पुलिस हिरासत में ले लिहले बिया और तीन अन्य लोगन के गिरफ़्तारी बाक़ी बा .

राजस्थान में पुजारी के जिंदा जलावे की घटना से देशभर में गुस्सा बा। वाराणसी में भी एकर असर देखे के मिलल । इहां निरंजनी अखाड़े के महामंडलेश्वर और कैलाश मठ के प्रमुख स्वामी आशुतोषानंद गिरी के नेतृत्व में साधु-संतों लोग घटना के निंदा कइने । नारेबाजी करते हुए उ लोग दोषियन के फांसी देवे के मांग कइने

संत लोग कहलस कि दुनिया में धर्म के रक्षा और आगे बढ़ाने वालन के षड्यंत्र के तहत मारल जात बा । पुजारी और साधु हिंदू धर्म के आगे ले जावे, प्रचार-प्रसार के काम करेलें । कल के हर पुजारी के दिल में दहशत होई । सरकार के एकरा के लेकर कउनो नीति बनावे के चाहिं। काशी का संत समाज पीड़ित परिवार के साथ बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments