Tuesday, May 14, 2024
Homeराजनीतिसरकार कश्मीर में लेवे वाला बिया कौनो बड़ा एक्शन !

सरकार कश्मीर में लेवे वाला बिया कौनो बड़ा एक्शन !

 केंद्र सरकार जल्दीए कौनो बड़ा  फैसला  लेवे वाला बिया जेसे   कश्मीर में अफरातफरी मचल बा  एके  लेकर जम्मू कश्मीर में तरह तरह की अफवाह चलत बा  और सियासतदान भी एसे बेचैन बाने  ।

उहा पे  एक हफ्ते के अंदर 35 हज़ार जवानन  के तैनाती भइल बा , टूरिस्टन  और अमरनाथ यात्रियन  के  फौरन घाटी से निकले  के निर्देश दिहल गइल बा और सभी एयरलाइंस के  अतिरिक्त फ्लाइट तैयार रखे के  एडवाइज़री जारी कइल गइल बा  , इ से पता चालत बा  कि कश्मीर में कुछ बड़ा होवे  वाला बा ।

जम्मू कश्मीर के पूर्व सीएम उमर अबदुल्ला  अपने एक ट्वीट में लिखने बाने कि , “गुलमर्ग के होटलों में ठहरे दोस्तों को वहां से जाने के लिए मजबूर किया जा रहा है। राज्य सड़क परिवहन की बसों से पहलगाम और गुलमर्ग से लोगों को बाहर निकाला जा रहा है। अगर अमरनाथ यात्रियों पर खतरा है तो गुलमर्ग खाली क्यों कराया जा रहा है?”

कश्मीर की   डिविजनल कमिश्नर वसीर अहमद  घाटी में फैलाईल  जा रही सारी अफवाहन के  से खारिज करत  बाने  लेकिन इ सब  अपीलन  के बाद भी कश्मीर में अफवाहन  के  बाज़ार गर्म बा  जेकर असर भी साफ दिखत बा । पेट्रोल पंप से लेकर राशन के दूकान  तक लंबी-लंबी लाइन लगल  बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments