Sunday, May 19, 2024
HomeयुवाLIC पॉलिसी धारकन के प्रीमियम भरे खातिर दिहलस 30 दिन से ज्यादा...

LIC पॉलिसी धारकन के प्रीमियम भरे खातिर दिहलस 30 दिन से ज्यादा के मोहलत

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

 भारतीय जीवन बीमा निगम (एलआईसी) मार्च और अप्रैल के प्रीमियम भरे खातिर  पॉलिसीधारकन के 30 दिन के  अतिरिक्त समय देवे  के  घोषणा कइले बिया । कंपनी कोरना  महामारी के  वजह से देश में भइल लॉकडाउन के चलते पॉलिसीधारकन    राहत देवे  खातिर इ  यह कदम उठइले  बिया  । एलआईसी कहलस  कि फरवरी के प्रीमियम के लिए दिहल गइल  अतिरिक्त समय 22 मार्च के  खत्म होवे  के बाद एके 15 अप्रैल तक बढ़ा दिहल गइल बा ।

प्रीमियम भुगतान खातिर  पॉलिसीधारकन के वेबसाइट पर पंजीकरण करावे  के कउनो  जरूरत नइखे । उ लोग  सीधे आपन जानकारी भरकर  भुगतान कर सकेलें  । साथे  प्रीमियम के  भुगतान मोबाइल एप ‘एलआईसी पे डायरेक्ट’ से भी करल जा सकेला ।

ऑनलाइन प्रीमियम जमा करने के तरीका 

  • एलआईसी की वेबसाइट licindia.in पर जा के ऑनलाइन सेवाओं के मेनू के तहत ‘भुगतान प्रीमियम ऑनलाइन’ टैब पर क्लिक करल जा ।
  • उहां पर  ‘पे डायरेक्ट’ के  आप्शन मिली जहां आप लोग  बिना लॉगिन के प्रीमियम का भुगतान कर सकेलें ।
  • इ  विकल्प पर क्लिक करे पे एगो  नई विंडो खुल जाई ।
  • जहां  आपके  ब्राउज़र चुनने के  विकल्प मिली । ब्राउजर चुने के बाद ड्रॉप-डाउन मेनू से ‘रिन्यूअल प्रीमियम’ विकल्प के  चयन करल जाए ।
  • अब एक और विंडो खुली ।
  • एमे  पॉलिसी नंबर, जन्मतिथि, मोबाइल नंबर, प्रीमियम किस्त, ई-मेल आईडी और स्क्रीन पर दिए गए कैप्चा  डिटेल भरे के होई ।
  • दिहल गइल नियम और शर्तन  के स्वीकार करें के बाद आपन  प्रीमियम जमा करल जा सकेला ।
  •  नियम और शर्तें स्वीकार करते ही  पेमेंट के पेज खुल जाई ।
  • इहां आप  एलआईसी पॉलिसी के  नेट बैंकिंग, डेबिट कार्ड, क्रेडिट कार्ड या यूपीआई के माध्यम से प्रीमियम के  भुगतान कर सके लें ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments