Sunday, May 5, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणसरकार जारी कइलस एडवाइजरी - सब लोग घर में बनल कपड़े वाला...

सरकार जारी कइलस एडवाइजरी – सब लोग घर में बनल कपड़े वाला मास्क पहनें

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

देश में कोरोना वायरस के मामलों बढ़े से देश  में मास्क के  मांग बहुत बढ़ गईल बा । केंद्र सरकार  लॉकडाउन के 11वें दिन शनिवार के  एगो  एडवाइजरी जारी करके  लोगन  से  घर में कपड़ा  से बनल फेस मास्क पहने के  कहलस । एजवाइजरी के मुताबिक, घर में बनल  मास्क पहनने से बड़े पैमाने पर लोगन  के संक्रमण से बचाव   हो  सकेला । घर से निकले के समय  लोग घर में बनल  मास्क जरूर पहनें।

एडवाइजरी में कहल  गइल  बा  कि घर में बनाल   मास्क स्वस्थ लोगन में संक्रमण के  फैले  से रोकी । इ मास्क हेल्थ वर्कर्स, कोरोना के मरीजन  के संपर्क में आवे  वाला लोगन  और खुद मरीजों के लिए नाही बा । इ लोगन  के विशेष मेडिकल ग्रेड मास्क पहनने के  जरूरत बा ।

एडवाइजरी में बताइल  गइल बा  कि घर पर बनल   मास्क संक्रमित व्यक्ति के खांसने या छींके  पर निकले वाला  बूंदन (ड्रॉपलेट्स) के  आप तक पहुंचने से रोकेला । मास्क के  रोज धोकर ही इस्तेमाल करे के  चाहीं । साथे  मास्क लगाए होवे  के बावजूद सोशल डिस्टेसिंग के पूरा खयाल रखे के चाहीं ।

फेस मास्क पहने  से पहले अच्छी तरह से हाथ धोअल जरूरी बा । अगर फेस मास्क  गीला या नम हो जात बा त ओके  तुरंत बदल लें और कब्बो  बिना धुलल मास्क  इस्तेमाल ना  करें। लापना मास्क केहू  के पहनने खातिर  ना  दें। घर में सब  लोगिन  के लिए अलग मास्क होवे के  चाहीं ।

 

Image source: Social media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments