Monday, May 20, 2024
Homeसमाचार विश्लेषण5 राज्य 30 तक बढइलें लॉकडाउन, देश के पीएम मोदी...

5 राज्य 30 तक बढइलें लॉकडाउन, देश के पीएम मोदी के संबोधन के इंतजार

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

देश में  कोरोना वायरस  महामारी के रूप ले चुकल बा . कोरोना पीड़ितन के संख्या तेजी से बढ़ल जात बा . सरकार में लगातार बैठकन के दौर चलत बा . सरकार एक्टिव मोड में बिया . देश में अबही 21 दिन के लिए लॉकडाउन चालत बा  जे कि  14 अप्रैल के ख़तम हो जाई .

केंद्र सरकार और स्वास्थय  मंत्रालय  लॉकडाउन के  14 अप्रैल से आगे बढावल जा कि ना  ए पे विचार करत बा . प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सब राज्यन  के मुख्यमंत्रियन  के साथ 11 अप्रैल के  वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग कर के चर्चा कइने , जेमे लॉकडाउन के बढ़ावे  के लेकर भी बात भइल . लगभग  10 राज्यन  के मांग बा कि  लॉकडाउन बढ़ावल जा . हालांकि, केंद्र सरकार अबहीं कउनो सरकारी  ऐलान नाही  कइले बिया , लेकिन राज्यों अपना से लॉकडाउन के बढ़ावत  बाने .

ओडिशा , पंजाब, महाराष्ट्र और पश्चिम बंगाल , उत्तराखंड , तेलंगाना की राज्य  सरकार आपन आपन राज्य में   लॉकडाउन की अवधि  30 अप्रैल तक  बढ़ावे  के ऐलान कर दिहले बाने .

देश के अब प्रधानमंत्री जी  के द्वारा देश के संबोधन  के इन्तेजार बा .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments