Saturday, May 18, 2024
Homeदिल्ली-NCRचिराग पासवान कल बुलईने केंद्रीय संसदीय बोर्ड के बैठक, ले सकेले...

चिराग पासवान कल बुलईने केंद्रीय संसदीय बोर्ड के बैठक, ले सकेले बड़ फैसला

न्यूज़ डेस्क: नई दिल्ली

लोजपा राष्ट्रीय अध्यक्ष चिराग पासवान दिल्ली में शनिवार के शाम पांच बजे पार्टी संसदीय बोर्ड के बैठक बुलइले बाने ।  विधानसभा के चुनाव एनडीए के तहत लोजपा लड़ी या 143 सीटन पर आपन उम्मीदवार उतारी , एके लेकर उ शनिवार के फैसला लिहें । 

लोजपा प्रवक्ता अशरफ अंसारी कहने कि चुनाव के पहले पार्टी के इ आखिरी बैठक होई । बैठक में पार्टी के सभी सांसद, वरिष्ट पदाधिकारी व विधायक रहिहें । बैठक में 143 प्रत्याशियन पर भी चर्चा होई । 

सूत्रन से पता चलल बा कि पार्टी एनडीए से गठबंधन के तहत जउन सीट मिलत बा ओसे  सहमत नाही बिया । इहे कारन बा कि 143 सीटन पर उम्मीदवारन के उतारे के तैयारी पार्टी करत बिया । उहें दूसरी ओर लोजपा से टिकट चाहे वाला दावेदारन के सांसें अटकल बा । उनकर एक-एक दिन बेचैनी में बीतत बा । बिहार विधानसभा चुनाव खातिर प्रत्याशियन के नामांकन भी शुरू हो गइल बा । पर, आलम इ बा कि एनडीए के हिस्सा लोजपा रही की नहीं इ अभी तय नाही बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments