Saturday, May 11, 2024
Homeयुवायूपी में दुर्गा पूजा के मिलल अनुमति, करे के होई कोविड...

यूपी में दुर्गा पूजा के मिलल अनुमति, करे के होई कोविड प्रोटोकॉल के पालन

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ (रोहित बाजपेई)

योगी आदित्यनाथ सरकार प्रदेश में दुर्गा पूजा मनावे के अनुमति दे दिहले बिया , लेकिन एकरा खातिर कुछ नियम माने के पड़ी । दुर्गा पूजा पंडाल खुला क्षेत्र में लगाइल जा सकेला , जेमे धार्मिक या सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजित करे के भी अनुमति दिहल गईल बा । एमे आयोजन करे वालन के कोविड के सभी दिशानिर्देशन के सख्ती से पालन करे के सलाह भी दिहल गईल बा । मास्क लगावल अनिवार्य होई , साथे फिजिकल डिस्टेंसिंग के भी पालन करल जरूरी होई ।

अगर एकर आयोजन हॉल में कराइल जाई त हाल के क्षमता के अनुसार मात्र 50 प्रतिशत और अधिकतम 200 लोगन के शामिल होवे के अनुमति दिहल जाए । प्रदेश में अनलॉक 5.0 के सभी निर्देश 15 अक्टूबर से लागू होइहें । नवरात्र 17 अक्टूबर से शुरू होवत बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments