Sunday, May 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणयूपी सरकार में भइल बड़ा फेरबदल, अवनीश अवस्थी से छिनल सूचना...

यूपी सरकार में भइल बड़ा फेरबदल, अवनीश अवस्थी से छिनल सूचना विभाग, नवनीत सहगल के मिलल जिम्मेदारी

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ

यूपी सरकार बृहस्पतिवार के छह आईएएस अफसरन के तैनाती में फेरबदल कइले बा , अवनीश अवस्थी से सूचना विभाग हटा लिहल गइल बा और अपर मुख्य सचिव नवनीत सहगल के सूक्ष्म, लघु एवं मध्यम उद्यम व निर्यात प्रोत्साहन विभाग के साथ-साथ सूचना विभाग के भी प्रभार सौंप दिहल गइल बा । एही तरह संजय प्रसाद के प्रमुख सचिव मुख्यमंत्री के साथ सूचना विभाग के अतिरिक्त चार्ज दिया गया है। अवनीश अवस्थी से सूचना विभाग वापस लेकर गृह विभाग के अपर मुख्य सचिव व यूपीडा के सीईओ बनाइल गइल बा ।

इ अहम फेरबदल में अपर मुख्य सचिव समाज कल्याण, अल्पसंख्यक कल्याण एवं मुस्लिम वक्फ मनोज सिंह के उद्यान एवं खाद्य प्रसंस्करण विभाग के कमान सौंपल गइल बा । उद्यान एवं खाद्य प्रसंस्करण विभाग के प्रमुख सचिव बाबूलाल मीणा के समाज कल्याण, अल्पसंख्यक कल्याण एवं मुस्लिम वक्फ विभाग के प्रमुख सचिव बनाइल गइल बा । प्राविधिक शिक्षा विभाग में विशेष सचिव के पद पर तैनात सरोज कुमार के पूर्वांचल विद्युत वितरण निगम वाराणसी के प्रबंध निदेशक बनाइल गइल बा ।

Image credit : Google

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments