Saturday, May 18, 2024
Homeराजनीतिमनीष मर्डर केस: दागी पुलिस कर्मी होइहें बर्खास्त , मनीस के पत्नी...

मनीष मर्डर केस: दागी पुलिस कर्मी होइहें बर्खास्त , मनीस के पत्नी के मिली सरकारी नौकरी – मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ

भोजपुरी लाइव न्यूज़ डेस्क : गोरखपुर /पीयूष धर द्विवेदी

मनीष मर्डर केस में कल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहने कि दू दिन पहले गोरखपुर में एगो दुखद घटना भइल रहे, हम ओही दिने गोरखपुर पुलिस के कहले रहनी कि तत्काल मुकदमा दर्ज़ होवे के चाहीं और दोषी केहू भी हो ओके छोड़ल ना जाई। अपराधी, अपराधी होवेला। हम कल सुबहे इहां के ज़िला प्रशासन के कहले रहनी कि हम पीड़ित परिवार से मिलल चाहत बानी काहें कि दुखद घटना घटल बिया ओकरे दुःख से जुड़ल हमार दायित्व बा। दोषयन के बख्शल ना जाई , सबकी जवाबदेही भी तय करल जाइ। अपराध और अपराधियों के बर्दाश्त ना करे के सरकार के नीति केहू किसी से छुपल नाही बा। सरकार जउन कहेला उ कर के दिखावे ला। कानपुर त एकर जीता जागता उदाहरण बा।

मृतक व्यवसायी मनीष गुप्ता के पत्नी मीनाक्षी गुप्ता खातिर कानपुर विकास प्राधिकरण (केडीए) में ओएसडी पद के गठन करल जाई। एकरा बाद उनके इ पद पर प्रतिनियुक्त करल जाई।

मृतक व्यवसायी मनीष गुप्ता की पत्नी मीनाक्षी गुप्ता कहली कि, सीएम हमके आश्वासन दिहले बाने, उ खुद मामला के कानपुर स्थानांतरित करे और नई टीम बनाकर इहां ओकर जांच करे के बात कहलें । 28 सितंबर के गोरखपुर के एक होटल में छापेमारी के दौरान मनीष गुप्ता के पुलिस पिटाई मौत हो गइल रहल ।

मीनाक्षी गुप्ता कहली कि, उ हमार सरकारी नौकरी के मांग स्वीकार कर लिहलें और हमरे बेटे के भविष्य खातिर भी कुछ रुपया दिहें। उ हमके सीबीआई जांच खातिर एगो आवेदन लिखे के लिए कहने । हमके खुशी है बा कि उ हमरे परिवार खातिर एक बड़े अभिभावक के रूप में काम कइने ।

गोरखपुर के एक होटल में छापे के दौरान व्यापारी की मौत पर कानून मंत्री ब्रजेश पाठक कहने कि, “इ दुर्भाग्यपूर्ण घटना बा। सरकार मामला के गंभीरता से लिहले बिया । सीएम 6 निलंबित पुलिसकर्मियन के खिलाफ एफआईआर दर्ज करने के निर्देश दिहले बाने। हम उनके खिलाफ सख्त कार्रवाई सुनिश्चित करब । यूपी में केहू के भी कानून आपन हाथ में लेवे के अधिकार नाहीं बा । चाहे उ पुलिसकर्मी हो या उच्च पदों पर बइठल अन्य व्यक्ति। मामला के फास्ट ट्रैक कोर्ट में ले जाइल जाई। पीड़ित परिवार के साथ सरकार खड़ी बिया। “

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments