Monday, May 6, 2024
Homeव्यापारJio कॉलिंग में कईल गईल नया बदलाव, Jio के ग्राहक के जेब...

Jio कॉलिंग में कईल गईल नया बदलाव, Jio के ग्राहक के जेब पर पड़ी भारी

टेलिकॉम इंडस्‍ट्री के सबसे दिग्‍गज कंपनी रिलायंस जियो उपभोक्ताओं से कउनो भी अन्य कंपनी के नेटवर्क पर कॉल कईला पर 6 पैसे प्रति मिनट के दर से शुल्क लेवे के ऐलान कईले बा।दरअसल, रिलायंस जियो ने कहले बा कि अब से ग्राहकन के जियो से दूसरे नेटवर्क में कॉलिंग के खातिर IUC टॉप-अप रिचार्ज करवावे के होइ। एह फैसला के वजह से जियो के प्रतिद्वंदी टेलिकॉम कंपनियों के शेयर में जबरदस्‍त तेजी देखे के मिलल बा गुरुवार के कारोबार में टेलिकॉम इंडस्‍ट्री के शेयर 8 फीसदी से अधिक तेजी के साथ कारोबार देखे के मिलल।
हालांकि जियो से जियो नेटवर्क पर कॉलिंग फ्री रही , लेकिन कउनो भी दूसरे नेटवर्क पर कॉलिंग के खातिर यूजर्स के 6 पैसे प्रति मिनट के दर से भुगतान करे के होइ अब तक केवल डेटा के खातिर रिचार्ज करावे के होत रहे कॉलिंग अउर SMS के सेवा फ्री मिलत रहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments