Saturday, May 18, 2024
Homeराजनीतिपीएम मोदी अउर योगी के बीच बैठक जारी, का हो सकेला मुलाकात...

पीएम मोदी अउर योगी के बीच बैठक जारी, का हो सकेला मुलाकात के सियासी मायने

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मिलने के खातिर प्रधानमंत्री के आधिकारिक आवास 7 लोक कल्याण मार्ग पहुंचल बाने अउर दोनों नेताओं के बीच बैठक जारी बा. बता देंहीं कि एसे पहिले योगी आदित्यनाथ गुरुवार के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह (Amit Shah) से मुलाकात कईले रहले अउर आज भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा (JP Nadda) से मुलाकात की संभावना बा. सीएम योगी के दो दिवसीय दिल्ली दौरे से सियासी हलचल तेज हो गईल बा.

कैबिनेट विस्तार से लेके विधान सभा चुनाव पर चर्चा?

योगी आदित्यनाथ (Yogi Adityanath) के दिल्ली पहुंचल अउर अमित शाह के अलावा पीएम मोदी व जेपी नड्डा से मुलाकात के बाद कई तरह के अटकल लगावल जा रहल बा. जहां एक ओर बतावल जा रहल बा कि यूपी कैबिनेट में विस्तार के लेके ई मुलाकात हो रहल बा, वहीं दूसरी ओर ई बात भी सामने आ रहल बा कि बीजेपी अगले साल होखे वाले विधान सभा चुनाव के लिए महामंथन शुरू कर देले बा. हालांकि पार्टी की ओर से आधिकारिक तौर पर कुछ भी ना बतावल गयल बा.

मंत्रिमंडल विस्तार के अटकल तेज

आदित्यनाथ के अचानक दिल्ली पहुंचले अउर केंद्रीय नेताओं से मुलाकात के बाद एक बार फिर राज्य में मंत्रिमंडल विस्तार के अटकलें तेज हो गईल बा. इ अटकल तब अउर बल मिलल जब सूत्र दावा कइलें की नड्डा प्रधानमंत्री मोदी से मुलाकात कइलें अउर एक दिन पहले ही भाजपा में शामिल पूर्व केंद्रीय मंत्री जितिन प्रसाद, मुख्यमंत्री आदित्यनाथ से मिललें.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments