Sunday, May 19, 2024
Homeराजनीति'मेट्रो मैन' ई श्रीधरन भाजपा में होइहें शामिल.

‘मेट्रो मैन’ ई श्रीधरन भाजपा में होइहें शामिल.

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

केरल में इ साल होने वाले विधानसभा चुनाव से पहले भारतीय जनता पार्टी खातिर अच्छी खबर बा. देश में ‘मेट्रो मैन’ से पहचान बनावे वाला ई श्रीधरन भारतीय जनता पार्टी में शामिल होवे जा रहल बाने. केरल भाजपा के अध्यक्ष के सुरेंद्रन एकर घोषणा कइले बाने. भारतीय जनता पार्टी की तरफ से कहल गइल बा कि 21 फरवरी के प्रदेश भाजपा अध्यक्ष के सुरेंद्रन केरल में जउन विजय यात्रा शुरू करिहें उस विजय यात्रा के दौरान ई श्रीधरन भाजपा में शामिल होंइहें. 

ई श्रीधरन 1995 से लेकर 2012 तक दिल्ली मेट्रो के मैनेजिंग डायरेक्टर रह चुकल बाने और दिल्ली मेट्रो की सफलता के श्रेय उनही के जाला. मेट्रो के विकास में उनकर योगदान खातिर 2008 में उनके भारत सरकार पद्म विभूषण और 2001 में पद्मश्री से सम्मानित कइले बिया. उ माता वैष्णो देवी तीर्थ ट्रस्ट के सदस्य भी बाने उ आपन जीवन के सफलता के श्रेय श्रीमद भगवत गीता के सिद्धांतन के देने .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments