Wednesday, May 15, 2024
Homeमनोरंजनमिर्जापुर सीज़न 3: ‘गोलू गुप्ता’ शेयर कईली मिर्जापुर सीज़न 3 के पोस्टर

मिर्जापुर सीज़न 3: ‘गोलू गुप्ता’ शेयर कईली मिर्जापुर सीज़न 3 के पोस्टर

अमेज़न प्राइम वीडियो के मोस्ट सक्सेसफुल सीरीज़ ‘मिर्जापुर’ अपना तीसरा सीज़न के साथ कमबैक करे के तैयारी में बा। इ बात के जानकारी ‘मिर्जापुर’ के गोलू गुप्ता यानी श्वेता त्रिपाठी अपने सोशल मीडिया अकाउंट इंस्टाग्राम के ज़रिए देहली। श्वेता अपने इंस्टाग्राम पर फिल्म के दो पोस्टर जारी कईली जेकरे साथ ही उ ई अनाउंस कर देहली की ‘मिर्जापुर’ सीरीज़ अपने तीसरे सीज़न के साथ जल्द वापसी करे वाला बा।

Google Images

मिर्जापुर के दूसरा सीज़न पिछले साल यानी 2020 में अमेज़न प्राइम वीडियो पर रिलीज़ कयल गयल रहे। लेकिन इ सीज़न के एंडिंग जईसे कईल गईल रहे ओसे फैंस के बीच फिर से ई बचैनी पैदा कर देले बा कि अब आगे का होई? ‘सीज़न 2’ के अंत में देखावल गईल रहे कि गुड्डू भैया यानी अली फज़ल मुन्ना त्रिपाठी यानी दिव्येंदु के गोली मार देलें, जबकी शरद यानी अंजुम शर्मा कालीन भैया (पंकज त्रिपाठी) के बचा के ले जालें। इ एंडिंग के देखले के साथ ही फैंस के ई समझ आ गयल रहे कि मिर्जापुर के सीज़न 3 आई जेकरे दर्शकन के इ सवाल के जवाब मिली कि आखिर शरद कालीन भैया के कहें बचईले? अउर का मुन्ना त्रिपाठी वाकई मर जईहें ?

Google Images

अब श्वेता अपने इंस्टाग्राम पर जवन पोस्टर शेयर कयल गयल ओमन मुन्ना त्रिपाठी (दिव्येंदु) भी नज़र आ रहल बाने। अइसन में इ बात के अंदाज़ा साफ-साफ लगावल जा सकेला कि मुन्ना त्रिपाठी मरिहें नाहीं। वईसे भी मुन्ना ख़ुद के ‘अमर’ ही कहत रहलें। लेकिन उनकर जान कईसे बची ई बात सीज़न 3 रिलीज़ भाईले के बाद ही सामने आई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments