Monday, April 29, 2024
Homeवीडियोचुनाव कवरेजपुरुलिया के रैली में पीएम मोदी बतईले TMC के फुल फॉर्म, ट्रांसफर...

पुरुलिया के रैली में पीएम मोदी बतईले TMC के फुल फॉर्म, ट्रांसफर माय कमीशन

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (Narendra Modi) बुधवार के पश्चिम बंगाल के पुरुलिया में चुनावी जनसभा के संबोधित कईलें अउर मुख्यमंत्री ममता बनर्जी (Mamata Banerjee) के अलावा तृणमूल कांग्रेस पर भी खूब निशाना सधलन. पीएम मोदी ममता बनर्जी के पार्टी टीएमसी (TMC) के फुल फॉर्म बतईलें अउर कहलें कि एकर मतलब होला- ट्रांसफर माय कमीशन.

पीएम मोदी बतईलें- DBT और TMC के का मतलब बा
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें, ‘भाजपा के केंद्र सरकार के नीति बा- DBT- यानि ‘डायरेक्ट बेनिफिट ट्रांसफर’. पश्चिम बंगाल में दीदी के TMC यानि ‘ट्रांसफर माय कमीशन.’ उ पश्चिम बंगाल के जनता से कहलें, ‘आपके ई जोश, हर सिंडिकेट, हर टोलाबाज के होश उड़ा के रखाले बा. दीदी के आपके जनधन खाता से डर लगे लागल बा. बंगाल में खुलल करोड़न जनधन खाता, आपके हक आपके ही मिले, ई बात के गारंटी बा. साथियों, आपके ई गर्जना बतावत बा कि दीदी सरकार जाए के काउंटडाउन शुरू हो चुकाल बा.’

का हालत बना दीहाली दीदी बंगाल के?’
रैली के संबोधित करत पीएम मोदी कहलें कि, ‘का हालत बना देहली दीदी बंगाल के? क्राइम बा, क्रिमिनल बाने, लेकिन जेल में नाहीं बाने. माफिया बाने, घुसपैठिया बाने, लेकिन खुलेआम घूमत बाने. सिंडिकेट बा, स्कैम बा, लेकिन कार्रवाई नाहीं होत बा.’ पीएम कहलें, ‘अभी कल रात में ही 24 उत्तर परगना में दर्जन से ज्यादा जगहन पर बमबाजी भईल. बीजेपी कार्यकर्तन के निशाना बनावल जात बाटे. ई स्थिति ठीक नाहीं बा. ई बदले के हिंसा, ई अत्याचार, ई माफियाराज अउर ना चली.’

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments