Sunday, April 28, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोरोना 2.0 के आठ महीने बाद आज काशी पहुंचिहें मोदी: 1475 करोड़...

कोरोना 2.0 के आठ महीने बाद आज काशी पहुंचिहें मोदी: 1475 करोड़ के योजनाओं के करिहें लोकार्पण

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज आपन संसदीय क्षेत्र वाराणसी में सुबह 10 बजे पहुंचिहें . उहा पर 744 करोड़ रुपये के 68 से अधिक परियोजनाओं के लोकार्पण और 839 करोड़ रुपये के 160 से अधिक परियोजनाओं के शिलान्यास करिहें . पीएम मोदी इ सभी योजनाओं के सौगात आईआईटी बीएचयू के ग्राउंड में जनसभा के दौरान दिहें . इस जनसभा में 5000 लोगन के बइठे के व्यवस्था कोविड प्रोटोकॉल के ख्याल में रख के कइल गइल बा .

जिन प्रमुख योजनाओं के लोकार्पण होई , ओमे वाराणसी में जापान के सहयोग से बनल हाईटेक कन्वेंशन सेंटर ‘रुद्राक्ष’, गोदौलिया पर बनल मल्टीस्टोरी पार्किंग, स्मार्ट स्कूल, गौरव पथ, रो-रो क्रूज, अस्सी से राजघाट के बीच पर्यटन क्रूज, बीएचयू में 100 बेड का मातृ शिशु विंग, ड्राइवर प्रशिक्षण के केंद्र, वाराणसी-गाजीपुर मार्ग पर बने आरओबी सहित अन्य योजनाएं शामिल बा . प्रधानमंत्री मोदी तकरीबन यहां 5 घंटे तक रहिहें और ओके बाद फिर वह दिल्ली रवाना हो जइहें.

अधिकारिय बतइने कि सम्मेलन केंद्र ‘रुद्राक्ष’ में 108 रुद्राक्ष लगाएल गइल बाने और एकर छत शिवलिंग के आकार में बनाईल गइल बा, इ पूरी इमारत रात में एलईडी लाइट से जगमगाई . इ दो मंजिला केंद्र सिगरा क्षेत्र में 2.87 हेक्टेयर भूमि पर बनाइल ग इल बा और एमे 1,200 लोगन के बैठे के क्षमता बा .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments