Thursday, May 2, 2024
Homeव्यापारनारायना इंडस्ट्रियल एरिया में लागल भीषण आग

नारायना इंडस्ट्रियल एरिया में लागल भीषण आग

कल सुबह दक्षिण पश्चिम दिल्ली के एक रासायनिक कारखाने में  भीषण आग लग गइल । नारायना औद्योगिक क्षेत्र में आग पर काबू पाये ख़ातिर  तीस दमकल गाड़ियां लगाइल गईल रहली ।

इमारत से धुएं के मोटे, काले रंग के धुवाँ उठत देखल गइल । भारी धुआ के नाते स्थानीय लोग और मोटर चालकन के आपन चेहरा के ढके के पड़ल रहल ।इ धुआं रिंग रोड से भी दिखाई देत रहल ।

दमकल कर्मचारियन के आग बुझावन में बहुते मेहनत करेके पड़ल, सुरक्षा के खातीर अगल -बगल के बिल्डिंग खाली करा लेवल गईल | शाम के 6 बजे तक बिल्डिंग से धुआँ उठत रहल |

न्यूज़ स्त्रोत – सुजीत सिंह

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments