Wednesday, May 8, 2024
Homeमनोरंजनभोजपुरी गानाभोजपुरी सिनेस्टार निरहुआ, नेपाली एक्ट्रेस के साथ कईले रोमांस

भोजपुरी सिनेस्टार निरहुआ, नेपाली एक्ट्रेस के साथ कईले रोमांस

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार दिनेश लाल यादव उर्फ़ निरहुआ (Nirahua) के जादू दर्शक लोगन के सिर चढ़के बोल रहल बा। निरहुआ के फिल्म के उनके चाहे वाले खूब पसंद कर रहल बाने। अब उनकर नई फिल्म के गाना एह समय यूट्यूब पर वायरल हो रहल बा। एह गाने में निरहुआ नेपाली एक्ट्रेस के साथ रोमांस करत नजर आ रहल बाने।

निरहुआ के फिल्म के इ गाना तेजी से वायरल हो रहल बा । जेहमे दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ के साथ एक नेपाली एक्ट्रेस नीता धुंगना डांस अउर रोमांस करत नजर आ रहल बानी। एह गाना के अब तक 1,616,499 व्यूज मिल चुकल बाने । एह गाना के म्यूजिक मधुकर कम्पोज़ कईले बाने।

निरहुआ का इ गाना भोजपुरी फिल्म शेर-ए-हिंदुस्तान के हवे। फिल्म के एगो गाना के ‘प्रेम पियाला’ के खूब पसंद कईल जात बाने। एह गाने में निरहुआ अउर नीता के जोड़ी खूब जम रहल बा। रोमैंटिक गाने में दुनो के कैमिस्ट्री खूब पसंद कईल जात बा । वइसे निरहुआ के जोड़ी आम्रपाली दुबे के साथ सबसे ज्यादा देखे के मिलला। वहीं एह बार दर्शक उनकर जोड़ी नेपाली एक्ट्रेस के साथ पसंद कर रहल बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments