Wednesday, May 15, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणवाराणसी के बेनिया बाग बनल शाहीन बाग, UP पुलिस धरना पर बइठल...

वाराणसी के बेनिया बाग बनल शाहीन बाग, UP पुलिस धरना पर बइठल महिला लोगन के कईलस गिरफ़्तारी

दिल्ली के शाहीन बाग के तर्ज पर वाराणसी के बेनिया बाग में भी महिला लोग सीएए के खिलाफ शांतिपूर्वक धरना शुरू कई दिहले बाने। धरना पर बइठल महिला लोग सीएए अउर एनआरसी के कानून के वापस लिहले के मांग कर रहल बानी। शाहीन बाग में पिछले महीना से शुरू भईल प्रदर्शन आज भी जारी बाने। यहां पर 38 दिन से प्रदर्शन चल रहल बा। प्रदर्शन शुरू होते ही पुलिस प्रदर्शन कर रहल महिला लोगन के गिरफ्तार कईले . हालांकि एकरे बाद वहां हंगामा शुरू हो गईल।

महिला लोगन के गिरफ्तारी के खिलाफ क्षेत्रीय लोगन के ओर से विरोध अउर पथराव के कोशिश के चलते सब गिरफ्तार महिला लोग खुद के पुलिस से छुड़ाके भगले में कामयाब हो गईलीं। हालांकि पुलिस लगभग एक दर्जन पुरुष प्रदर्शनकारियन के गिरफ्तार कइके पुलिस लाइन भेज दिहले बा।

 

Reference Image- Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments