Thursday, May 9, 2024
Homeवीडियोसरकारी योजनाUP Police SI ASI Recruitment: यूपी पुलिस में 1329 पदन पर दारोगा...

UP Police SI ASI Recruitment: यूपी पुलिस में 1329 पदन पर दारोगा भर्ती के नोटिफिकेशन जारी, इ तारीख से ऑनलाइन आवेदन होई

उत्तर प्रदेश पुलिस में भर्ती होखे के एक अउर रास्ता खुलल बा। युवावन के खातिर ई खुशखबरी बा। पुलिस उपनिरीक्षक व पुलिस सहायक उपनिरीक्षक (लिपिक, गोपनीय व लेखा) के कुल 1329 पदन पर भर्ती 2020 जल्द होई। उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती व प्रोन्नति बोर्ड के अधिकारियन के अनुसार महिला अउर पुरुष अभ्यर्थी एक मई से 31 मई के मध्य ऑनलाइन आवेदन कर सकेलन। आवेदन शुल्क अउर आवेदन पत्र जमा करे के अंतिम तिथि 31 मई निर्धारित कईल गईल बा। आवेदन शुल्क 400 रुपये निर्धारित कईल गईल बा।

उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती एवं प्रोन्नति बोर्ड पुलिस उपनिरीक्षक (गोपनीय), पुलिस सहायक उपनिरीक्षक (लिपिक) अउर पुलिस सहायक उपनिरीक्षक (लेखा) के पदन पर सीधा भर्ती 2020 के नोटिफिकेशन कर देबल गयल बा। पुलिस उपनिरीक्षक (गोपनीय) समूह ग के 295, सहायक पुलिस उपनिरीक्षक (लिपिक) समूह ग के 624 पदन पर अउर सहायक पुलिस उपनिरीक्षक (लेखा) समूह ग के 358 पदन पर भर्ती होई। इनमें सतर्कता अधिष्ठान के भी 52 पद शामिल हउवे। एसे जुड़ल विस्तृत सूचना भर्ती बोर्ड के वेबसाइट uppbpb.gov.in पर उपलब्ध करावल गईल बा।

बता देहीं कि एसे पाहिले पुलिस भर्ती एवं प्रोन्नति बोर्ड 25 फरवरी के पुरुष व महिलाओं के खातिर उप निरीक्षक नागरिक पुलिस, पुरुषों के खातिर प्लाटून कमांडर पीएसी व अग्निशमन द्वितीय अधिकारी के कुल 9534 पदन पर सीधा भर्ती 2020-21 के घोषणा कईले रहे अउर इ पदन पर भर्ती के खातिर एक अप्रैल से आवेदन करल जा सकेंला।

महत्वपूर्ण तारीखें…

  • ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन के तारीख : 01 मई, 2021
  • ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन के अंतिम तारीख : 31 मई, 2021
  • आवेदन शुल्क जमा करे के अंतिम तारीख : 31 मई, 2021
  • आवेदन पत्र जमा करे के लास्ट डेट: 31 मई, 2021

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments