Thursday, May 16, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणओसामा बिन लादेन के बेटा के अमेरिका कईलस ढेर

ओसामा बिन लादेन के बेटा के अमेरिका कईलस ढेर

आतंकवादी ओसामा बिन लादेन के बेटा हमजा बिन लादेन के अमेरिकी हमला में मारल गइल  बा | ओसामा बिन लादेन आतंकवादी संगठन अलकायदा के मुखिया रहल अउर हमजा के ओसामा के उत्तराधिकारी मानल जात रहे | अमेरिका फ़िलहाल एह बात के दावा करत बा लेकिन अमेरिकी  मीडिया द्वारा अभिन एकर कउनो पुष्टि नाही कईले बा |

 

ओसामा बिन लादेन के बेटा के अमेरिका कईले ढेर

हमजा के मौत में अमेरिका के हाथ बा की नाही एह कर पुष्टि अभिन नाही भईल बा| हालांकि, अमेरिका के खुफिया अधिकारी  हमजा के मौत के दावा कर रहल बाने | 2015 में लादेन के बेटा हमजा बिन लादेन अमेरिका के धमकी दिहले रहले कि उ अपने पिता के मौत के बदला लेवे के खातिर अमेरिका पर हमला कइके अमेरिका के पूरी तरह से बर्बाद कई देई | एह धमकी के बाद से अमेरिका , हमजा पर 10 लाख डॉलर मतलब करीब 7 करोड़ के इनामी पुरस्कार रखले रहे |

अउर खबर  पढ़े – आपन कंपनी खोले वालन के खातिर बड़ी खबर !

अमेरिकी के बैन के बाद संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद मार्च 2019 में हमजा के नाम के प्रतिबंधित आतंकी के सूची में डाल दिहले रहे अउर ओकर गिरफ़्तारी के खातिर इंटरपोल नोटिस जारी कईले रहे . एह बैन के साथ ही हमजा बिन लादेन के यात्रा पर प्रतिबंध लग गईल रहे | हमज़ा के सारी संपत्तियां जब्त कई लिहल गईल |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments