Wednesday, May 1, 2024
Homeराजनीतिअगर कुछ गलत भईल बाने तब ओकरा बारे में अधिकारी जाने -...

अगर कुछ गलत भईल बाने तब ओकरा बारे में अधिकारी जाने – पी चिदंबरम

पूर्व वित्त मंत्री पी चिदंबरम से सीबीआई पूछताछ जारी रखले बा | पूछताछ में कुछ अउर भी अहम खुलासा हो सकला | एह बीच सीबीआई सूत्रों के हवाले से खबर बाने कि पूछताछ के दौरान चिदंबरम नौकरशाह लोगन पर सारा ठीकरा फोडले बाने | सूत्र के अनुसार चिदंबरम पूछताछ में कहले कि ”मेरे नीचे अफआईपीबी डिविजन रहल जेहमे लगभग 7-8 आईएएस अधिकारी भी रहले उ सभी अपने काम मे बेहद निपुण रहले उहे लोग सारी फाइल देखत रहले | हमारे पास एतना टाइम नाहीं रहे कि हम सारा फाइल पढ सकी हम ओह लोगन के सिफारिशन पर विचार करत रही | ”

चिदंबरम अपने परिवार से मुलाकात के दौरान भावुक हो गईले . उ कहले कि भारत सरकार के मेहमान नवाजी में बानी | मिलल जानकारी के अनुसार पूछताछ के दौरान चिदंबरम जांच एजेंसियन पर भी भड़क गईले | चिदंबरम कहले कि अगर कउनो गलती भईल बाने तब ओकरा बारे में अधिकारी जानें. मानल जा रहल बा कि चिदंबरम के एह बयान के बाद कुछ अधिकारी लोगन पर गाज भी गिर सकला | कुछ अधिकारी लोगन से पूछताछ खातिर बुलवल जा सकला . साबुत मिलला पर गिरफ्तारी भी हो सकला |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments